सञ्चारकर्मी के निःशुल्क पिसीआर करावे खातिर महासङ्घ के निहोरा

काठमाण्डु, ८ भादो

नेपाल पत्रकार महासङ्घ कार्यस्थल मे जाके समाचार सङ्कलन करेवाला सञ्चारकर्मी के कोरोना भाइरस (कोभिड १९) के निःशुल्क पिसीआर परीक्षण के व्यवस्था मिलावे खातिर सरकार से निहोरा कईले बा ।

महासङ्घ के महासचिव रमेश विष्ट से विज्ञप्ति जारी करत कोभिड १९ के सङ्क्रमण के उच्च जोखिम के बीच कार्यस्थल मे खटेवाला सञ्चारकर्मी के निःशुल्क पीसीआर परीक्षण के व्यवस्था मिलावे खातिर निहोरा कईले बानी ।

महामारी के सङ्क्रमण से बाँचे खातिर आपन स्वास्थ सुरक्षा के उच्च प्राथमिकता मे राखके मात्र काम करे खातिर भी महासङ्घ सभी सञ्चारकर्मी के अपिल भी कईले बाडन ।

सञ्चार प्रतिष्ठान से भी बहुते जरुरी बाहेक घर से काम करेके व्यवस्था मिलावे खातिर आ कार्यालय तथा कार्यस्थल मे खटेवाला सञ्चारकर्मी के खातिर स्वास्थ्य सामान के प्रयोग संगे पर्याप्त सचेतता अपनावे के वातावरण निर्माण करे खातिर महासङ्घ निहोरा कईले बा ।

विश्वव्यापी रुप मे फईलल कोभिड–१९ के सङ्क्रमण पिछिलका दिन मे नेपाल मे भी तेजी मे फईलत जा रहल उल्लेख करत उ महामारी के ई जटिल परिस्थिति मे भी नेपाली सञ्चार क्षेत्र उच्च जोखिम सहके समाचार सङ्कलन तथा सम्प्रेषण कर रहल बतवनी ।

सङ्क्रमण के दर वृद्धि भईला सँगे पिछिलका समय मे अग्रभाग मे रह के काम कर रहल सञ्चारकर्मी मे भी कोरोना सङ्क्रमण लउकेके क्रम बढल महासङ्घ जनवले बा ।

महासचिव विष्ट के मुताविक अभी तक कम्ती मे तीन दर्जन सञ्चारकर्मी सङ्क्रमित हो रहल बाडन ।

खास करके फिल्ड मे खटेवाला सम्वाददाता, फोटो पत्रकार आ क्यामेरा पर्सन सङ्क्रमण के उच्च जोखिम मे रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।