पार्टीगत स्वार्थ से उपर उठे खातिर महामन्त्री डा कोइरालाद्वारा आह्वान

काठमाण्डु १८ वैशाख
नेपाली काँग्रेस के महामन्त्री डा शशांक कोइराला कोरोना भाइरस के चलते सिर्जित वर्तमान सङ्कट के अवस्था मे पार्टीगत आ राजनीतिक स्वार्थ से उपर उठ के एकताबद्ध तरिका से जनता के स्वास्थ्य आ समस्या समाधान मे लागे खातिर सभी से निहोरा कईले बानी ।
भिडियो सन्देश मार्फत् आजु उ भाइरस के जोखिम होखे ना देवे खातिर लकडाउन जारी रहला पर दैनिक ज्यालादारी करेवाला मजदुर, श्रमिक, निम्न आय भईल आदमी, गर्भवती जनानी आ आउर दीर्घ मरेजी से भोगेके पडल समस्या से खुद के चिन्तित बनावल उल्लेख कईले बानी ।
महामन्त्री डा कोइराला सिमाना मे अडकल तथा विदेश मे समस्या मे पडल नेपाली के उद्धार करेके बारेमे भी व्यक्तिगतरूप मे आ काँग्रेस पार्टी के ओरी से बेर बेर सरकार के ध्यानाकर्षण करावल निहोरा मे जनवले बानी ।
लाखोलाख जनता के ज्यान जोखिम मे भईल ई सङ्कट के समय कउनो भी विभाजन के रेखा बनावल मुर्खता मात्र ना जनताप्रति के धोकाधडी भईल बतावत उ सङ्कट के समय मे अग्रभाग मे रहके काम कर रहल स्वास्थ्यकर्मी के आपन व्यक्तिगत आ पार्टी के ओरी से धन्यवाद देहले बानी ।
“हम खुदे चिकित्सक भईल नाता से उलोग के काम केतना चुनौतीपूर्ण बा कहके बुझ सकत बानी ।
ओहिसे एमे स्वास्थ्यकर्मी के सहजोग आ सम्मान करे खातिर सभी से निहोरा करत बानी”, महामन्त्री डा कोइराला कहले बानी ।
साथे उ मुस्लिम समुदाय के रमजान पर्व के अवसर मे शुभकामना देत वर्तमान विषम परिस्थिति मे घर मे रहके नमाज पढेके आ भीडभाड ना करे खातिर निहोरा भी कइनी ।
भिडियो संदेश मे उ कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण के जोखिम आ ओकरा से बँचेवाला उपाय के बारे मे जानकारी करवले बानी ।






