स्वास्थ्य मन्त्रालय प्रदेश २ मे पठवलख २२ जने विशेषज्ञ चिकित्सक

काठमाण्डु १० भादो

कोरोना संक्रमण के हटस्पट बनल प्रदेश २ मे स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय २२ जने विशेषज्ञ चिकित्सक के पठावे के तईयारी कईले बा ।

मन्त्रालय के प्रशासन महाशाखा प्रमुख रघुराम विष्ट के मुताविक मंगर के दिने नारायणी अस्पताल वीरगंज मे काम करेवाला किसिम से ९ जने चिकित्सक पुग चुकल बाडन ।

एहितरे १३ जने चिकित्सक धनुषा के जनकपुर प्रादेशिक अस्पताल आ रौतहट के गौर अस्पताल मे बियफे के दिने जाएके तइयारी मे बाडन ।

उलोग मेसे ६ जने चिकित्सक गौर अस्पताल आ ६ जने जनकपुर प्रादेशिक अस्पताल जईहें । १ जने के ई दु मेसे कउन अस्पताल मे जाएके कहके टुंगो लागल नइखे ।

सरकारी छात्रवृत्ति मे त्रिवि चिकित्साशास्त्र अध्ययन संस्थान अन्तर्गत विशेषज्ञ पढल चिकित्सकलोग के प्रदेश २ मे पठावल गईल बा ।

उलोग उहाँ जाके कोरोना संक्रमित के ईलाज आ महामारी नियन्त्रण मे खटिहें । विष्ट कहनी कि, ‘कोरोना संक्रमण बढत गईल आउर जिल्ला मे भी चिकित्सक पठावेके तइयारी हो रहल बा ।’

मन्त्रालय एकरा से पहिले चिकित्सा विज्ञान राष्ट्रिय प्रतिष्ठान (न्याम्स) मे विशेषज्ञता अध्ययनरत चिकित्सक के सुदूरपश्चिम आ प्रदेश नं. ५ पठावल रहे ।

अभी एमडी÷एमएस उतीर्ण भईल विशेषज्ञ चिकित्सक के खटावल गईल बा । एहितरे आउर २० से बेसी चिकित्सक के कोभिड अस्पताल मे पठावे के तईयारी अवस्था मे राखल विष्ट जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।