बारा, पर्सा आ रौतहट के आउर ३३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ११ भादो
पर्सा, बारा आ रौतहट मे करके आउर ३३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । नारायणी अस्पतालस्थित प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण के समय उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
प्रयोगशाल मे ५ सय १० गो स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर ३३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के सूचना अधिकारी डा. अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।
संक्रमित मेसे २१ जने पर्सा के बाडन । जउना मे दु जने सशस्त्र प्रहरी जवान आ दु जने स्वास्थ्यकर्मी आ एक जने उलोग के परिवार के सदस्य भी संक्रमित भईल बाडन ।
कोभिड महामारी मे खटल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर, उनकर मेहरारु एवं नारायणी अस्पताल मे कार्यरत नर्स आ बेटा मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । एकरा से पहिले संक्रमणमुक्त भइल उनका के फेनु संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
बारा के ५ जने संक्रमित बाडन, रौतहट गौर के तीन जने कैदीबन्दी आ जीतपुर ब्यारेक के एक जने नेपाली सेना के पीसीआर परीक्षण पोजेटिभ आईल बा ।






