सशस्त्र पुलीस लकडी सहित टेक्टर पकडलख

मेघराज राय

जीराभवानी १२ भादो

पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका से सशस्त्र पुलीस बहुते परिमाण मे रहल अबैध लकडी सहित दु गो टेक्टर पकडले बा ।

सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोस्ट भिखमपुर से सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक किशमान तमाङ के नेतृत्व मे रहल टोली पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका २ लक्ष्मीपुर मे अबैध रुप मे कटान करके ना ५ त ३९५४ आ ना ७ त २०२७ नं के दु गो टेक्टर मे लोड करके लिया रहल अन्दाजी मुल्य १३ लाख के (काठ आ ट्रयाक्टर सहित) ४०(चालीस) थान गोलीया, अ.१५० क्यु फिट सिमल(कपोक) के लकडी पकडले बा ।

सशस्त्र पुलीस के टोली के देख के तस्करलोग टेक्टर आ लकडी छोड के भागला से पकडे ना सकल सशस्त्र पुलीस दाबी कईले बा ।

पकडल गईल लकडी सहित टेक्टर के जरुरी कारवाही के खातिर सेक्टर बन कार्यालय बसन्तपुर मे पठावल गईल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक तमाङ जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।