प्रसौनी गा.पा. के बथानी चौक मे भईल कार्जक्रम मे १ जनानी सहित १५७ जने खुनदान कईलें

वीरगंज १३ भादो
बिश्व महामारी के रुप मे फईलल कोरोना के चलते वितल पाँच महिना से लागल लकडाउन आ निषेधाज्ञा के चलते वीरगंज स्थित रक्तसञ्चार केन्द्र मे खुन के कमी भईल बा ।
खुन संकलन करे खातिर सबसे महत्वपूर्ण माध्यम मानेवाला खुनदान कार्जक्रमसब होखे ना सकला के बाद खुन के कमी भईला से रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज खुनदान करे खातिर अनेकन संघ संस्था आ नियकासब से निहोरा कईले रहे ।
उहे कमी के मध्यनगर करत बारा के प्रसौनी गाँवपालिका मे आजु जनता समाजबादी पार्टी नेपाल, प्रसौनी के आयोजना आ न्यू स्टार नेशनल यूवा क्लब प्रसौनी–४ खुटवा जब्दी के सहकार्य मे बथानी चौक मे आकस्मिक खुल्ला खुनदान कार्जक्रम पुर भईल बा ।
क्लब के अध्यक्ष सुबास गुप्ता के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे १ जनानी सहित एक सय ५७ जने खुनदान कईले बा ।
कार्जक्रम मे समिता देवी, सलमान खान, सगीर हवारी, शनी साह, दिपक गुप्ता, निकु गुप्ता, राधेश्याम गुप्ता, प्रमोद साह, मनजित गुप्ता, महान्नद साह, सुनिल साह लगायत के लोग खुनदान कईल रक्त संचार केन्द्र वीरगंज के प्रमुख सौरभराज पाण्डे बतवनी ।
प्रसौनी गा.पा अध्यक्ष भोला प्रसाद गुप्ता से उदघाटन कईल खुनदान कार्जक्रम मे गा.पा. उपाध्यक्ष गिता साह, वार्ड नं.४ के वार्ड अध्यक्ष आन्नद कु. गुप्ता, वार्ड नं.३ के वार्ड अध्यक्ष बैजु गुप्ता, वार्ड नं. २ के वार्ड अध्यक्ष सुरेश गुप्ता, रक्तसंचार केन्द्र वीरगंज के प्रमुख सौरभ राज पाण्डे लगायत के सहभागीता रहल स्थानिय सञ्चारकर्मी अकबर हवारी बतवनी ।
खुन के कमी आ एकरा से सृजना होखे सकेवाला भयावह अवस्था के मध्यनगर करत स्थानिय युवालोग के सक्रियता मे खुनदान कार्जक्रम कईल कार्जक्रम के व्यवस्थापक निपु गुप्ता बतवनी ।






