जीतपुर सिमरा महोत्सव के सभी तईयारी पुरा : आयोजक
जीतपुर सिमरा महोत्सव के सभी तईयारी पुरा : आयोजक

प्रभु यादव
बारा १७ फागुन
बारा के जितपुर मे होखेवाला जीतपुर सिमरा महोत्सव २०८० के सभी तईयारी पूरा भईल जनावल गईल बा ।
बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–३ बजनी स्थित महोत्सव स्थल मे वियफे के दिने पत्रकार सम्मेलन मार्फत महोत्सव के सभी तईयारी पूरा भईल आयोजक जनवले बा ।
‘कृषि, पर्यटन, खेल, उद्योग आ व्यापार÷जीतपुरसिमरा बारा, मधेस समृद्धि के मुख्य आधार’ कहके नारा सहित जीतपुर सिमरा महोत्सव आ पहिलका जीतपुरसिमरा एक्स्पो २०२४ होखे लागल बा । महोत्सव के शुक के दिने मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोज कुमार यादव से उदघाटन करेके कार्जक्रम रहल जनावल गईल बा ।
मालपोत कार्यालय के बगल मे रहल फिल्ड मे फागुन १८ गते से होखेवाला महोत्सव फागुन २९ गते तक चली । पिछिलका समय मे सुस्त बनल व्यवसायिक क्षेत्र के चलायमान बनावेके उद्देश्य से जीतपुरसिमरा नगर उधोग बाणिज्य संघ पहिलका बेर महोत्सव के आयोजना करे लागल बा । आर्थिक मन्दी के चलते ठप्प होखेके अवस्था के व्यावसायिक क्षेत्र के एके जगहा मार्फत प्रवद्र्धन तथा प्रोत्साहन करेके उद्देश्य रहल संघ के अध्यक्ष मोहन शर्मा लामिछाने बतवनी ।
महोत्सव मे आर्थिक, शैक्षिक, पर्यटन, कृषिलगायत अनेकन क्षेत्र के करके डेढ सय से बेसी प्रदर्शनी रहेके लामिछाने बतवनी ।
महोत्सव मे व्यवसायिक स्टल, औद्योगिक, कृषि एवं अटो मोबाइल प्रर्दशनी, अनेकन परिकार के स्टल, वैदेशिक रोजगार के खातिर परामर्श के साथे मनोरञ्जनात्मक बाल उद्यान के आनन्द उठावल जा सकता । स्थानिय तथा राष्ट्रिय कलाकार के प्रस्तुती रहेवाला महोत्सव मे प्रथम जीतपुरसिमरा डान्स च्याम्पियन २०८० के भी तईयारी कईल बा । च्याम्पियन मे प्रथम होखेवाला के ३० हजार, द्धितिय के १५ हजार, तृतिय के १० हजार आ चउथका होखेवाला के ५ हजार रोपेया नगद सहित ट्रफी आ प्रमाणपत्र देहल जाई ।
महोत्सव मे ८३ लाख रोपेया खर्च होखेके आ महोत्सव के खातिर २० गो उपसमिति गठन होके काम हो रहल संघ के महासचिव प्रकाश गिरी बतवनी । महोत्सव प्रवेश के खातिर विद्यार्थी के रु. २५ रोपेया आ दोसर के रु. ५० रोपेया शुल्क लागी आ अपाङ्गता तथा ज्येष्ठ नागरिक के निःशुल्क रहल बा ।
हुलास स्टिल, पतंजली, जाउलाखेल डिष्ट्रिलरी के प्रायोजन मे होखे लागल महोत्सव के पार्टनर के रुप मे ग्लोबल आईएमी बैंक, नेपाल ईन्भेष्टमेन्ट बैंक, भायनेट, सगरमाथा लुम्बिनी ईन्सुरेन्स, टिभिएस आ फिस्ट वाल्क सुज रहल बा ।





