महोत्तरी के दु जने मे मृत्यु के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टि

जनकपुरधाम १३ भादो

महोत्तरी मे मृत्यु भईल दु जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । महोत्तरी के पिपरा गाँवपालिका–७ के ७० बरीस के पुरुष मे मृत्यु के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम मे ईलाज के समय मे शुक के दिने उनकर मृत्यु भईल रहे । मृत्यु के बाद स्वाब संकलन करके परीक्षण कईला पर पोजेटिभ आईल प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय के वरिष्ठ चिकित्सक कमलेश प्रसाद यादव जानकारी देहनी ।

महोत्तरी के भंगहा नगरपालिका के ३५ बरीस के युवक मे भी मृत्यु के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
भंगहा नगरपालिका वार्ड नंं १ निवासी युवक के शनिचर के सबेरे प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रहे ।

मृत्यु के बाद स्वाब संकलन करके परीक्षण कईला पर उनकर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

बोखार आ सरदी खोकी के साथे साँस लेवेमे समस्या भईला के बाद उनका के शुक के दिने अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । एकरा सँगे महोत्तरी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि होके मृत्यु होखेवाला के संख्या ८ पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।