वीरगञ्ज मे आउर एक संक्रमित के मृत्यु

वीरगंज १३ भादो
वीरगंज के कोभिड अस्पतालत मे कोरोना भाइरस संक्रमण से आउर एक जने संक्रमित के मृत्यु भईल बा ।
गण्डक बहुअरीस्थित वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे रौतहट के गम्हरीया ३ के ३० बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।
स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद उनकर परिवार भादो ११ गते वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल मे लिया के भर्ना करवले रहलन ।
ईलाज के समय मे भादो ११ गते हि उनकर स्वाब संकलन करके पीसीआर परीक्षण के खातिर नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पठावल गईल रहे ।
प्रयोगशाला से भादो १२ गते शुक के दिने आईल रिपोर्ट मे उनका मे कोरोना पोजिटिभ देखल गईला के बाद शुक के दिने हि उनका के वीरगंज हेल्थ केयर कोभिड अस्पताल मे रिफर कईल रहे ।
कोभिड अस्पताल के आइसियू मे भर्ना कईल उनकर ईलाज के समय मे शनिचर के सँझिया ७ बजे मृत्यु भइल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर चौरसिया जानकारी देहनी ।
वीरगंज मे अभी तक कोरोना के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ४९ पुगल बा । सावन एने मात्र ४५ जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज मे अभी तक कोरोना के चलते मृत्यु भइल ४८ मेसे १ लावारिस युवक सहित पर्सा के ३६, बारा के १० आ रौतहट के ३ रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।






