हिरासत मे मृत्यु प्रकरण : गरुडा मे नयाँ डीएसपी अईलें

काठमाण्डु १४ भादो

ज्यान मुद्दा के अभियुक्त के थुना मे रहल समय मृत्यु भईल प्रकरण मे इलाका प्रहरी कार्यालय, गरुडा के इञ्चार्ज के जिम्मेवारी छिनाईल बा ।

अभी गरुडा के नेतृत्व कर रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक (डीएसपी) ज्ञानकुमार महतो के २ नं. प्रदेश प्रहरी कार्यालय तान के उनकर जगहा मे नयाँ डीएसपी पठावल गईल बा ।

महतो के शनिचर के दिने प्रदेश प्रहरी कार्यालय तानल गईल रहे आ उनकर जगहा मे डीएसपी नरेन्द्र कुँवर के पठावल गईल बा । उ संघीय प्रहरी इकाइ कार्यालय, धरान मे कार्यरत रहनी ।

पुलीस गरुडा नगरपालिका–८, जिगंडवा के २० बरीस के निरन्जन राम के हत्या कईल अभियोग मे विजय महरा के सावन ३२ गते पकडल रहे । पुलीस हिरासत मे रहल समय उनकर ईलाज के समय वीरगंज मे मृत्यु भईल बा ।

१९ बरीस के विजय देहभर चिन्हा आ घाउचोट मिलला के बाद स्थानीय पुलीस के पिटपाट के चलते मृत्यु भईल दाबी करत आईल बाडन । घटना के अनुसन्धान के खातिर गृह मन्त्रालय छानविन समिति बनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।