हिरासत मे बेमार होके मृत्यु भईल विजय के परिवार के ५ लाख राहत

जनकपुरधाम १४ भादो
हिरासत मे रहल समय बेमार परके मृत्यु भईल रौतहट के विजय महरा के परिवार के प्रदेश– २ सरकार ५ लाख रोपेया राहत देवेके भईल बा ।
गरुडा नगरपालिका– ८ जिगडिया के १९ बरीस के विजय महरा गरुडास्थित इलाका प्रहरी कार्यालय के हिरासत मे बेमार भईला के बाद ईलाज के समय मे वीरगंजस्थित नेशनल मेडिकल कलेज मे ५ दिन पहिले मृत्यु भईल रहे ।
गाँव के युवक हत्या आरोप मे उ ३२ सावन मे पकडाईल उनका के इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के थुना भितर अनुसन्धान के खातिर राखल रहे ।
प्रदेश २ सरकार के आन्तरिक मामिला तथा कानून मन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव मृतक महरा के परिवार के ५ लाख रोपेया राहत स्वरुप प्रदान करेके जानकारी देहनी ।
उ विजय के मृत्यु के घटना के छानबिन करके दोषी के कानुन बमोजिम कारवाही करेके भी बतवनी ।
पुलीस विजय मिर्गौला रोगी भईल आ बेमार भईला पर ईलाज के खातिर बीरगंज लेजारहल समय मृत्यु भईल बतईला पर भी विजय मृत्यु से पहिले पुलीस लोहा के पाइप आ बाँस के भाटा से निर्घात पिटपाट कईल बतावल भिडियो सार्वजनिक भईल रहे ।
ई घटना के बाद गरुडा के पुलीस प्रमुख डीएसपी ज्ञानकुमार महतो के प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुरधाम तानके प्रदेश प्रहरी कार्यालय अनुसन्धान सुरु कईले बा ।






