वीरगंज मे कोरोना संक्रमित के खाना आ दवाई देवे खातिर ‘सिस्टर रोबोट’

वीरगंज १४ भादो

वीरगंज के अस्थायी कोभिड अस्पताल गण्डक मे अब संक्रमितलोग के खातिर ‘सिस्टर रोबोट’ सेवा देवेवाला भईल बा ।

अब से कोभिड अस्पताल मे भर्ना होके ईलाज करा रहल संक्रमतिलोग के खातिर खाना, दवाई तथा जरुरी सामान रोबोट से पुगावे के जनावल गईल बा ।

संक्रमित के सेवा मे नर्सलोग के सहजोग करेवाला भईला से हि एकर नाम ‘सिस्टर रोबोट’ राखल गईल बा ।

‘सिस्टर रोबोट’ मे सामान राख के कोभिड अस्पताल मे ईलाज करा रहल संक्रमित के बेड तक पठावल जा सकता ।

महावीर पुनःके राष्ट्रिय आविष्कार केन्द्र से तईयार कईल रोबोर्ट सानो पाइला के समन्वय मे नारायणी अस्पताल के एतवार के दिने निःशुल्क हस्तान्तरण कईल बा ।

सानो पाइला नारायणी अस्पताल विकास समिति के पदाधिकारी के रोहबर मे अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा.संजयकुमार ठाकुर के ‘सिस्टर रोबोट’ हस्तान्तरण कईले रहे ।

सानो पाइला के कार्यकारी निर्देशक कञ्चन झा कोरोना संक्रमित के ईलाज मे सहजोग करे खातिर धातु से बनल विद्युतीय सिस्टर रोबोट हस्तान्तरण कईल जानकारी देहनी ।

संक्रमित के खाना, नास्ता, दवाई भा आउर समान देवे खातिर रोबोट के सहजोग लेहल जाज सकता,’ कहत उ, ‘जरुरी समय बाहेक आउर समय मे स्वास्थ्यकर्मीलोग संक्रमित के लगे जाएके ना जाएके पडि ।’

सिस्टर रोबोट के रिमोट कन्ट्रोल से निर्देशन देहल जा सकता । रोबोट के अगाडि के भाग मे क्यामेरा जडान होखेवाला भईला से मनिटर मे देख के ओकरा के परिचालन करेके पडि ।

रोबोट मे स्पिकर भी भईला से संक्रमित के देवेवाला सल्लाह भी माइक मे बोलके देहल जा सकता । रोबोर्ट मे भईल ब्याट्री चार्ज कईला के बाद दैनिकरुप मे ओकरा से काम करी ।

नारायणी अस्पताल मे मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा संजय ठाकुरलगायत कोभिड अस्पताल मे खटल चिकित्सक, स्वास्थ्यकर्मीलोग के सामनेमे सानो पाइला के बिक्रम उपाध्याय अभ्यास करके देखवले रहलन ।

भौत्तिक शास्त्र के वैज्ञानिक भी रहल उपाध्याय हि राष्ट्रिय आविष्कार केन्द्र मे रोबोट के खातिर समन्वय कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।