बारा मे निषेधाज्ञा अवज्ञा करत तजेया दाहा मनावल गईल

प्रभु यादव

बारा १४ भादो

 

बारा के बहुते पालिका मे निषेधाज्ञा अवज्ञा करत तजेया दाहा पवनी मनावल गईल बा । पवनी के नाम मे निषेधाज्ञा अवज्ञा कर के सिम्रौनगढ नगरपालिका के बजार मे एतवार के दिन भव्यता के साथ मुस्लिम समुदाय सब मुहर्म तजेया दाहा पवनी मनवले बाडन ।

जिल्ला के सिम्रौनगढ नगरपालिका अन्तरर्गत के गढ बजार, पर्सा टोला, कमलपुर, छोटकी ईटवाल, हरिहरपुर नैकाटोला लगायत के गाँव से लेके आईल तजेया दाहा सिम्रौनगढ बजार मे मिलाके सभे केहु मिसिया ठकरा खेल लले रहलन ।

पचरौता नगरपालिका के चिकनी बेलदारी, करैयामाई गाँवपालिका, कलैया उपमहानगरपालिका, प्रसौनी गाँवपालिका लगायत के पालिका के गाँव सब मे तजेया दाहा पवनी हर्सहुलास के साथे मनावले बा । तजेया दाहा पवनी मे जनानी लोग तजेया के गीत गाके मनावले बाडे ।

मर्दाना लोग मिसिया ठकरा खेलत शैरवाजी बाजि करत भाला, लाठ्ठी, बर्छी, फार्सा, तलवार नचाके भाज के आ आपन घर से लेके आईल घरैया हथियार सब नचा नचा के देखावले रहलन । देखे आईल लोग सहभागी तजेया मे बतासा, सिर्नी, मलिदा चढवले रहलन ।

एने पुलीस भिड–भाड ना करीं, समाजिक दुरी कायम करीं, निषेधाज्ञा के पालना करीं कहला पर भी केहु ना सुनला के बाद ईलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रानगढ के प्रहरी जवानसब फिर्ता गईल रहलन ।

एहितरे एतवार के रात मुस्लिमलोग हसन, हुँसेन के सम्झना मे रात के भोजन ना करेके चलन रहल बा । फिरभी ई चलन अभी लोप भईल बुझल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।