कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे ८० बरीस के बुढ के मृत्यु

वीरगंज १५ भादो
कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे आउर एक बुढ के मृत्यु भईल बा । वीरगंज महानगरपालिका –२४ के ८० बरीस के बुढ के वीरगंज हेल्थ केयर कोभिड अस्पताल मे ईलाज के समय मे सोमार के दिन के ३ः२० बजे मृत्यु भईल बा ।
३ दिन से आईसीयू मे ईलाज करा रहल बुढ के मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता वरिष्ठ चर्मरोग विशेषज्ञ डा. अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।
बोखार आके भादो १३ गते नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईला मे उनकर कलेजो मे भी समस्या देखल गईल रहे ।
पीसीआर परीक्षण कईला पर रिपोर्ट पोजेटिभ अईला के बाद उहे दिन वीरगंज हेल्थ केयर कोभिड अस्पताल मे भर्ना कईल रहे ।
ईलाज के समय मे उहे दिन उनकर मृत्यु भईल बा । एकरा सँगे वीरगंज मे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ३७ पुगल बा ।
मृत्यु होखेवाला मे पर्सा के मात्र ३७ पुगल बाडन ।





