वीरगंज मे भी ’प्लाज्मा थेरापी’ से कोरोना संक्रमित के ईलाज

वीरगंज १५ भादो
वीरगंज मे कोरोना संक्रमित के प्लाज्मा थेरापी विधि से ईलाज सुरु कईल गईल बा ।
नारायणी अस्पतताल मे ईलाज करा रहल सर्लाही के चकरघट्टा गाँवपालिका ३ सुन्दरपुर के ३५ बरीस के पुरुष के एतवार के रात प्लाज्मा थेरापी विधि से ईलाज सुरु कईल ईलाज मे संलग्न डाक्टर उदयनाराण सिंह जानकारी देहनी ।
आइसीयू मे भर्ना रहल उ पुरुष के प्लाज्मा थेरापी से ईलाज सुरु कईला सँगे उनकर स्वास्थ्य मे सुधार भी आ रहल डाक्टर सिंह बतवनी ।
एक हप्ता से बोखार, खोकी आ स्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद उनका के बितल शनिचर के दिने परिवार के सदस्य वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे लिया के भर्ना करवले रहलन ।
एतवार के उनकर स्वाब संकलन करके पीसीआर परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
आइसीयु मे भर्ना कईला मे उनका मे कोरोना के गम्भीर किसि के लक्षण देखल गईल आ स्वास्थ्य मे सुधार भी ना भईला के बाद प्लाज्मा थेरापी विधि से ईलाज सुरु करेके निर्णय मे खुदसब पुगल डाक्टर सिंह बतवनी ।
एकरा खातिर कोरोनामुक्त भइल नारायणी अस्पताल के एक पूर्व कर्मचारी आपन खुन देहल आ उहे खुन से प्लाज्मा निकाल के संक्रमित पुरुष के देह मे चढावल गईल जानकारी डाक्टर सिंह देहनी ।
एतवार के रात १२ बजे उ संक्रमित पुरुष के प्लाज्मा थेरापी विधि से ईलाज सुरु कईल कहत डाक्टर सिंह, ’ई विधि से २ घण्टा तक ईलाज कईल गईल, ओकरा बाद उनकर स्वास्थ्य मे क्रमिक सुधार आरहल बा, एकरा से हमनी के उत्साहित बनवले बा । उनका मे ई विधि सफल भईल ना भईल अन्तिम नतिजा के खातिर २४ घण्टा ईन्तजार करेके पडि ।’
प्रदेश नम्बर २ मे पहिलका बेर वीरगंज मे प्लाज्मा थेरापी विधि से संक्रमित के ईलाज कईल सुरु कईल बतवनी ।
एकरा से पहिले काठमाण्डु उपत्यका बाहेक प्रदेश १ के धरान आ प्रदेश ५ के बुटवल मे प्लाज्मा थेरापी विधि से संक्रमति के ईलाज कईल रहे ।
डाक्टर सिंह के मुताविक, राष्ट्रिय स्वास्थ्य अनुसन्धान परिषद (एनएचआरसी) से तय कईल मापदण्ड मुताविक हि वीरगंज मे भी संक्रमित के प्लाज्मा थेरापी से ईलाज सुरु कईल बा ।
प्लाज्मा थेरापी विधि के बारे मे जानकारी देत डाक्टर सिंह कहनी कि, ’कोरोना संक्रमण लाग के ठिक भईल १४ दिन के बाद कोरोना मुक्त उ आदमी के खुन मे एन्टीबडी निर्माण होखी, खुन मे प्लाज्मा निकाल के नयाँ संक्रमण भईल आदमी के देहल जाला, रिकभर्ड प्लाज्मा से भाइरस के न्युट्रलाइज करी ।’





