भुख हड्ताल बईठल पूर्वमन्त्री पासवान के ईलाज के खातिर धरान पठावल गईल

जनकपुरधाम १९ भादो

पुलीस हिरासत मे विजय राम के मृत्यु भईल घटना के दोषी के कारबाही के माग करत आमरण अनशन बईठल पूर्वमन्त्री विश्वेन्द्र पासवान के ईलाज के खातिर धरान पठावल गईल बा ।

बियफे के मध्यरात प्रदेश प्रहरी कार्यालय से खटल टोली पूर्वमन्त्री पासवान के एम्बुलेन्स मे राख के बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे पुगावल गईल बा ।
मन्त्री पासवान पिछिलका एक हप्ता से इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा अगाडि आमरण अनसन बईठल रहलन । उनकर स्वास्थ्य अवस्था बिगडत गईल रहे ।
उ आमरण अनशन रहला पर गरुडा मे हरेक दिन प्रदर्शन होत आईल रहे ।

बियफे के दिने मात्र प्रदर्शनकारी आ पुलीस बीच झडप भईल रहे ।
प्रदेश प्रहरी प्रमुख डीआईजी धिरजप्रताप सिंह आमरण अनशन बईठल पूर्व मन्त्री के स्वास्थ्य अवस्था नाजुक भइला के बाद अस्पताल पुगावल बतवनी ।

पूर्वमन्त्री पासवान के बोखार भी आईल आ स्वास्थ्य अवस्था कमजोर बनल स्थानीय चिकित्सक बतईला के बाद अक्सिजन सहित के एम्बुलेन्स के व्यवस्था करके धरान पुगावल बतवनी ।

धरान मे लेजाके उनकर ईलाज सुरु कईल बा’ कहत डीआईजी सिंह, ‘उनकर स्वाब परीक्षण करेके तइयारी भी कईल बा ।’

पूर्वमन्त्री के स्वकीय सचिव रोशन पासवान पुलीस अपहरण शैली मे मोवाइल फुन नियन्त्रण मे लेके बलजफ्ती धरान पुगावल बतवनी । उ दलित आन्दोलन असफल बनावे खातिर पुलीस ई रणनीति बनावल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।