क्रियाशील पत्रकारिता पुरस्कार अली आ महतो के मिली

वीरगंज १७ असाढ

गिरिजाप्रसाद (जिपी) कोइराला फाउण्डेशन पर्सा ई बरीस के क्रियाशील पत्रकार पुरस्कार वीरगंज के पत्रकारद्वय माधुरी महत्तो आ इरफान अली के प्रदान करेके निर्णय कईले बा ।

फाउण्डेशन पर्सा पूर्वप्रधानमन्त्री स्वर्गीय गिरिजाप्रसाद कोइराला के जन्मजयन्ती के अवसर मे हरेक बरीस पर्सा के दु जने पत्रकार के क्रियाशील पत्रकारिता पुरस्कार प्रदान करत आईल बा ।

बियफे के दिने बईठल फाउण्डेनशन पर्सा के बईठक से ई बरीस के पुरस्कार पत्रकारद्वय महत्तो आ अली के प्रदान करेके निर्णय कईले बा । महत्तो, वीरगंज स्थित नारायणी एफएम के समाचार शाखा प्रमुख आ बीबीसी नेपाली सेवा मे कार्यरत बाडि । अली ग्यालेक्सी टिभी के पर्सा संवाददाता हउवन ।

जनही २५÷२५ हजार रोपेया के पुरस्कार से महतो आ अली सम्मानित होखे लागल बाडन । पुरस्कार असाढ २२ गते प्रदान करेके फाउण्डेशन के सचिव सन्तोष सिंह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।