सिरहा से पेस्तोल सहित ३ जने पकडईलें

जनकपुरधाम २० भादो

सिरहा पुलीस मिर्चैया नगरपालिका से नलकटुवा पेस्तोल सहित तीन जने के पकडले बा ।

नगरपालिका के वार्ड नम्बर ५ बाह्रबिघा मे चेकजाँच करेके समय मे मोटरसाइकल मे सवार दु युवक के हथियार सहित शुक के रात पकडल गईल बा ।

को ३५ प ४०१३ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार मिर्चैया नगरपालिका ६ रहेवाला १९ बरीस के अजय शर्मा आ मिर्चैया ५ रहेवाला १९ बरीस के ज्ञानु कुमार मण्डल के साथ से एक थान नलकटुवा पेस्तोल बरामद भईल बा ।

पकडाईल लोग से पुछपाछ कईला पर मिर्चैया ५ के किराना व्यवसायी ३९ बरीस के रमेश साह के भी पकडल गईल सिरहा प्रहरी के प्रवक्ता बिनोद घिमिरे जानकारी देहनी ।

पकडाईल तीनु जने के इलाका प्रहरी कार्यालय मिर्चैया के नियन्त्रण मे राख के आउर अनुसन्धान कर रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।