जगदम्बा स्टिल से ६ जने कोरोना संक्रमित सम्पर्कविहीन

वीरगंज २९ सावन

कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बारा के सिमरास्थित जगदम्बा स्टिल प्रालि मे कार्यरत ६ जने सम्पर्कविहीन भईल बाडन ।

सावन २५ गते उद्योग मे कार्यरत ११ जने कामदार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला मे ६ जने संक्रमित सम्पर्क विहीन रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा जनवले बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा सम्पर्कविहीन रहल ६ जने संक्रमित के विवरण दु दिन भितर सार्वजनिक करे खातिर आदेश देत उ उद्योग के सिल कईले बा ।

उद्योग मे कार्यरत श्रमिक, कामदार कर्मचारी मेसे १ सय २३ जने के स्वाब के नमुना परीक्षण कईला पर ११ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।

उलोग समुदाय मे कोरोना संक्रमण फईलावे सकेके जोखिम बढल सिकाईत अईला के बाद उद्योग सिल कईला के साथे संक्रमति के विवरण सार्वजनिक करे खातिर आदेश देहल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।

उद्योग के ओरी से संक्रमित आदमीसब के राखे खातिर उद्योग परिसर बाहर अलगे आइसोलेसन सेन्टर के व्यवस्था करावेके, संक्रमित आदमीसब के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल आदमीसब के (परिवार सहित) के पीसीआर परीक्षण करेके व्यवस्था उद्योग से मिलावेके, सम्पर्कविहीन भईल संक्रमितलोग के वतन, सम्पर्क नम्बर पत्ता लगाके प्रशासन, स्वास्थ्य संस्था से सम्पर्क मे लियावेके आ उलोग के आइसोलेसन मे राखेके आदेश प्रशासन देहले बा ।

ई कामसब पुरा करे खातिर दु दिन के समय देहल आ सावन ३२ गते तक के खातिर उद्योग सिल कईल प्रजिअ पण्डित जानकारी देहनी ।

‘उद्योग भितर के आदमी बाहर ना अईनी, भितर भईल आदमी के खातिर जरुरी राशन पानी के प्रबन्ध करे खातिर पूर्व ओरी के एगो प्रवेशद्वार प्रयोग करेके कहल गईल बा,’ प्रमुख जिल्ला अधिकारी पण्डित कहनी कि, ‘सम्पर्कविहीन भईल संक्रमितलोग के विवरण दु दिन भितर सार्वजनिक करेके कहल गईल बा ।

प्रशासन निषेधाज्ञा समय भर भारत से सुख्खा बन्दरगाह, आईसीपी भा वीरगंज भन्सार होत ढुवानी होके आवेवाला कच्चा सामानसब के सवारी साधन के प्रवेश करे ना देवेके आ उद्योग भितर तईयारी अवस्था मे रहल सामानसब के निकासी करेमे भी रोक लगवले बा ।

प्रशासन नेपाल सरकार मन्त्री परिषद् के सावन २६ गते के निर्णय मुताविक दक्षरअर्धदक्षर श्रमिक कामदार के रुप मे कउनो जनशक्ति लियावे ना मिलेवाला भईला से कउनो भी उद्योग मे भारतीय कामदारसब के प्रवेश करे ना देवेके, सावन १४ गते प्रकाशित सूचना मुताविक कुछ उद्योग भितर कार्यरत श्रमिक, कामदार, कर्मचारी के विवरण प्राप्त ना भईला से तीन दिन भितर पेश करे खातिर भी प्रशासन कहले बा ।

एहितरे पथलैया–वीरगंज करिडोर मे रहल उद्योगसब मे इलाका प्रशासन कार्यालय सिमरा के प्रमुख भा उनका से तोकल अधिकृत कर्मचारी के नेतृत्व मे स्थानीय तह, प्रहरी, तथा सम्मबद्ध पक्षसब के समिति स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्डसब के पालन कईल ना कईल अनुगमन करके पालना करेके आ स्वास्थ्य परीक्षण करे लगावेके आ अभिलेख संकलन करे खातिर भी प्रशासन निर्देशन देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।