पर्सा मे आउर ५२ जने कोरोना संक्रमणमुक्त

वीरगंज २१ भादो
पर्सा मे एतवार के दिने आउर ५२ जने कोरोना संक्रमण से मुक्त भईल बाडन ।
पिछिलका पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट नेगेटिभ आईला से उलोग कोरोना संक्रमणमुक्त होके डिस्चार्ज भईल बाडन ।
कोभिड अस्पताल गण्डक से ११ जने, वीरगंज हेल्थ केयर से १३ जने, पर्सागढी मनवा सामुदायिक आइसोलेसन से ११ जने, वीरगंजस्थित होटल विजय ज्योति से १ जने, रानीपोखरी होटल से ३ जने, बहुदरमाई नगरपालिका से ५ जने, पोखरिया नगरपालिका के अनेकन होम आइसोलेसन से ६ जने कोरोनामुक्त भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय जानकारी देहले बा ।
पर्सा मे पिछिलका १२ दिन मे ७ सय १८ जने कोरोना संक्रमण मुक्त भईल बाडन । वीरगंजस्थित १ सय ७० बेड के २ दु गो कोभिड अस्पताल मे ६२ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।
९ सय २६ जने संक्रमित होम आइसोलेसन मे आ २ सय ५४ जने अनेकन विद्यालय, होटल तथा अतिथि सदन के सेमी–आइसोलेसन मे बईठल बाडन । क्वारेन्टिन मे ४६ जने शंकास्पद के राखल गईल बा ।






