कालाबजारी करेवाला ३ किराना दोकान के उपर कारवाही

वीरगंज २१ भादो

कोरोना के महामारी मे कालाबजारी करके उपभोक्ता ठगल कहत स्थानीय प्रशासन वीरगंज के ३ गो दोकान के १ लाख १० हजार रोपेया जरिवाना कईले बा ।

वाणिज्य आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय के अधिकृत दिलिप खङखत्वे के नेतृत्व मे आजु खटल बजार अनुगमन टोली ३ गो दोकान के १ लाख १० हजार रोपेया जरिवाना कईले बा ।

वीरगंज के पानगल्लीस्थित सुमित्रा ट्रेडर्स एन्ड सप्लायर्स के ५० हजार तथा पानगल्ली मे रहल न्यू संतोष जेनरल स्टोर, जय पान पसल सेन्ट आ रानीघाट मे रहल न्यू हरिओम किराना दोकान के जनही २०÷२० हजार रोपेया जरिवाना कईल बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय के खाद्य निरीक्षक आ पुलीस सहित के अनुगमन टोली पानगल्ली आ रानीघाट के खाद्यान्न आ किराना दोकान मे आजु अनुगमन कईले रहे ।

अनुगमन के समय मे उ ३ गो दोकानसब मूल्य सूची ना राखल, खरिद आ बिक्री विल उपलब्ध करावे ना सकल आ म्याद बितल समान संचित करके राखल मिलला से उपभोक्ता संरक्षण ऐन २०७५ के दफा २८ बमोजिम के जरिवाना कईल वाणिज्य आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय के अधिकृत दिलिप खङखत्वे जानकारी देहनी ।

आर्थिक जरीवाना के साथे समबन्धित दोकान के संचालक के खाद्य सामानसब के कालाबाजारी तथा मूल्य वृद्धि ना करके बिक्री वितरण करेके निर्देशन भी देहल खङखत्वे बतवनी ।

एकरा से पहिले भादो १ गते भी अनुगमन टोली वीरगंज बजार के अनुगमन करके कालाबाजारी तथा मूल्य वृद्धि करके फलफूल बिक्री वितरण कईल आरोप मे तीन गो फलफूल दोकान के कारवाही करके ५० हजार रोपेया जरिवाना कईले रहे ।

कोरोना के महामारी मे दोकानदारलोग मुल्य वृद्धि कईला के साथे म्याद बितल सामान बिक्री कईल सिकाईत उपभोक्तासब से आवे लागला के बाद नियमित रुप मे बजार अनुगमन करे लागल खत्वे बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।