अध्यक्ष कप टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट के उपाधी कालिकामाई के मिलल

वीरगंज ०७ अगहन

पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका मे भईल अध्यक्ष कप टि–२० क्रिकेट टुर्नामन्ट २०७८ के उपाधी कालिकामाई गाँवपालिका के मिलल बा । टुर्नामेन्ट के मंगर के दिने भईल फाईनल खेल मे छिपहरमाई गाँवपालिका के ३७ रन से हरावत कालिकामाई गाँवपालिका जितल बा ।

टस जित के छिपहरमाई फिल्डिङ छानला के बाद सुरु मे कालिकामाई ब्याटिङ कईले रहे । कालिकामाई पुरे २० ओभर खेलत १८२ रन बनवले रहे ।

ओकरा बाद १८३ रन के लक्ष्य लेके जवाफी ब्याटिङ मे उतरल छिपहरमाई पुरे २० ओभर खेलत १४५ रन मात्र बनईला के बाद कालिकामाई विजयी घोषित भईल रहे ।
धोबिनी गाँवपालिका के आयोजना मे भईल टुर्नामेन्ट के विजेता कालिकामाई गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राजु साह पुरस्कार राशी ३० हजार के चेकसहित ट्रफि प्रदान कईले रहे ।

एहितरे, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत साह उप विजेता छिपहरमाई गाँवपालिका के पुरस्कार राशी २० हजार के चेक सहित ट्रफि देहले रहनी । पुरस्कार वितरण कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत साह छोट प्रयास अर्थात टुर्नामेनट से खेल के विकास मे सहजोग पुगेके विश्वास ब्यक्त कईनी ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी भी रहल अधिकृत साह स्थानिह स्तर मे आयोजना होखेवाला खेल मे अनुशासित होके खेलेवाला खेलाडिलोग के निहोरा कईनी । खेल मे खेलाडी अनुशाशीत ना भईला पर बढिया होखे ना सकेके उनकर कहनाम रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।