उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च वीरगंज के पहल मे खाद्यान्न सामान बाँटल गईल

वीरगंज २२ भादो
उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च वीरगंज महानगर कमिटी खाद्यान्न सामान बँटले बा । कोभिड–१९ कोरोना भाइरस के चलते वीरगंज महानगर मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा कुछ दिन से निषेधाज्ञा जारी कईला से गरिब, असहाय, बिपन्न आ दलित समुदाय के आदमीसब के आजु खाद्यान्न बँटले बा ।
खाद्यान्न सामान के खातिर बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २ रहेवाला अभी रोजगारी के खातिर कतार मे काम करत आ रहल आ ओभरटाइम करके कमाईल पईसा परोपकारी मन के धनी आपन नाम उल्लेख ना करेके शर्त मे खाए ना मिलललोग के खाना के खातिर उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च बीरगंज महानगर कमिटी अध्यक्ष अजित कुमार भुजेल मार्फत बाँटे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
संरक्षण मञ्च वीरगंज के अध्यक्ष अजित कुमार भुजेल के नेतुत्व मे रहल टोली आजु छपकैया, बिर्ता, रानिघाट, मुर्ली, श्रीपुर एरिया मे रहल बिपन्न, दैनिक ज्यालादारी करकेवाला आदमी के राहत बाँटल गईल बा ।
राहत मे चाउर १० किलो, दाल १ किलो, तेल १ लिटर, सोयाबिन ५०० ग्राम आ आयोनुन १ किलो सहित ३० जने के बाँटल गईल अध्यक्ष भुजेल बतवनी ।
उ अवसर मे मञ्च के कोषाध्यक्ष संतोषमान रन्जितकार, सदस्य मन्सुर खान, पत्रकार राहुल गुप्ता आ जाकिर हुसेन लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






