विप्लव समूह के नेता विरही धनुषा से छुटला के बाद फेनु पकडईलें

  • जनकपुरधाम २३ भादो

चितवन के भरतपुर से पकड के धनुषा पुगावल नेत्रविक्रम चन्द ‘विप्लव’ नेतृत्व के नेकपा के नेता अनिल शर्मा ‘विरही’ छुटला के बाद फेनु पकडाईल बाडन ।

नेता विरही के धनुषा जिल्ला अदालत मंगर के दिने १० हजार धरौटी मे छोडेके आदेश देहले बा । जिल्ला अदालत के न्यायाधीश विनोद खतिवडा के इजलास से नेता विरही के १० हजार धरौटी मे छोडेके आदेश देहले रहे ।

अदालत के आदेश मुताविक उ छुटल रहनी माकिर ओकरा बाद धनुषा पुलीस उनका के फेनु नियन्त्रण मे लेहले बा ।

फेनु पकडाईल विरही के सुनसरी पुलीस के जिम्मा लगावेके धनुषा पुलीस के प्रबक्ता मकेन्द्रकुमार मिश्र जानकारी देहनी।

विरही के चितवन पुलीस शचिर के दिने धनुषा पुलीस के जिम्मा लगवले रहे । धनुषा मे उनका विरुद्ध संगठित अपराध, कर्तव्य ज्यान, ज्यान मारेके उद्योग आ विष्फोटक मुद्दा दर्ता रहे ।

धनुषा पुलीस के मुताविक सुनसरी मे भी उनका विरुद्ध अईसन मुद्दा रहला से सुनसरी पुलीस के जिम्मा लगावल जाई ।

ईलाज के खातिर चितवन के भरतपुर अस्पताल आईल विरही के शनिचर के दिने पुलीस अस्पताल से पकडले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।