पेट्रोलियम पदार्थ मे मिलावट कईल आरोप मे २ जने ट्याङ्कर चालक पकडईलें

बारा ३१ भादो

पेट्रोलियम पदार्थ मे मिलावट कईल आरोप मे दु जने ट्याङ्कर चालक के पुलीस पकडले बा ।

बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–२१ रहेवाला २६ बरीस के राजेश विश्वकर्मा आ मकवानपुर के हेटौंडा उपमहानगरपालिका–११ नवलपुर रहेवाला २९ बरीस के सन्तोष खड्का पकडाईल बाडन ।

विश्वकर्मा ना.७ ख.३९२३ आ खड्का ना.७ ख. ४०९३ नम्बर के ट्याङ्कर डाईबर हउवन । दुनु ट्याङकर नेपाल आयल निगम अन्तर्गत अमलेखगञ्ज डिपो मे निगम के करारनामा मे बा ।

ट्याङ्कर मे इन्डियन आयल कर्पोरेसन से पेट्रोल लोड करके लियावेलन । उलोग उपर पेट्रोलियम पदार्थ पेट्रोल मे मिलावट कईल आरोप बा ।

आयल निगम के २ नं. प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगञ्ज मे ट्याङकर खाली करे से पहिले पेट्रोल के गुणस्तर चेकजाँच कईला पर दुनु ट्याङ्कर मे मिलावट रहल मिलला के बाद उलोग के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

उलोग विरुद्ध कालो बजार तथा आउर सामाजिक अपराध ऐन २०३२ अन्तर्गत मुद्दा दर्ता कईल बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा अनुसन्धान के खातिर १० दिन के म्याद थप के अनुमति देहल आ उलोग उपर जरुरी अनुसन्धान सुरु कईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।