सप्तरी मे आउर ५० जने संक्रमित, एक के मृत्यु

राजविराज ३१ भादो
सप्तरी मे निषेधाज्ञा हटल दिन सबसे बेसी ५० जने नयाँ कोरोना संक्रमित थपाईल बानी । संक्रमित मेसे सप्तरी जिल्ला अदालत के स्रेस्तेदार सहित ५ कर्मचारी, सिडिओ कार्यालय सप्तरी के २ कार्यालय सहायक, १ पुलीस आ १ भान्से संक्रमित भईल स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी जनवले बा ।
राजविराजस्थित गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मुताविक राष्ट्रिय अनुसन्धान कार्यालय के १ कर्मचारी, १ प्रहरी, छिन्नमस्ता अस्पताल राजविराज के २ कर्मचारी तथा राजविराजस्थित अस्पताल मे ईलाज करा रहल मृगौला पीडित १ जनानी, आकस्मिक सेवा मे ईलाज करा रहल ३ मरेजी तथा आइसोलेसन केन्द्र मे कार्यरत २ सरसफाइ कर्मचारी मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी के निमित्त प्रमुख दुनियालाल यादव बतवनी ।
अस्पताल के डायलासिस सेवा मे ईलाज करा रहल मृगौला पीडित मेसे सोमार के दिने ६ पुरुष आ मंगर के १ जनानी मे कोरोना संक्रमण देखल गईला के बाद मंगर के दिने डायलासिस सेवा बन्द कईल बा ।
डायलासिस सेवा आ औजार तथा मेशिनसब निसंक्रमित करके बुध से सेवा सुचारु कईल अस्पताल के निमित्त मेडिकल सुपरिटेण्डेण्ट डाक्टर रणजीतकुमार झा बतवनी ।
संक्रमित थप भईला मे राजविराज नगरपालिका–१ के ६१ आ ६७ बरीस के पुरुष, वार्र्ड नम्बर २ के २२, ३४ बरीस के आ उमिर ना खुलल पुरुष तथा २३ आ ५५ बरीस के जनानी, वार्ड नम्बर–४ के १४, ३१, ३६, ७४ बरीस के पुरुष आ ३, २४, ३५, ५५ बरीस के जनानी, वार्ड नम्बर–३ के ४३ बरीस के पुरुष, वार्ड नम्बर–५ के २९, ३५, ६० बरीस के पुरुष आ २१ बरीस के जनानी संक्रमित भईल बानी ।
एहितरे राजविराज ६ के २५, ५९ बरीस के आ उमिर ना खुलल पुरुष, वार्ड नम्बर–८ के ३, २१, २१, २५, ५५, ५८ बरीस के पुरुष आ १४, २७, ४२ आ ४८ बरीस के जनानी संक्रमित बाडि ।
छिन्नमस्ता गाँवपालिका–५ के ५८ बरीस के मृगौला पीडित जनानी, हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका–७ के २२, २७ बरीस के पुरुष, वार्ड नम्बर–९ के ५५ बरीस के पुरुष, ३६, ६० बरीस के आ उमिर ना खुलल जनानी, वार्ड नम्बर–१२ के ३६ बरीस के पुरुष, शम्भुनाथ नगरपालिका–६ के ११ बरीस के पुरुष, महादेवा गाँवपालिका–६ के ३१ बरीस के पुरुष भी संक्रमित भईल बाडन ।
एहितरे सप्तरी जिल्ला अदालत के २६, ३०, ४० आ ४५ बरीस के पुरुष, ३७ बरीस के पुलीस, छिन्नमस्ता अस्पताल के २१ बरीस के पुरुष आ २३ बरीस के जनानी संक्रमित भईल बाडि ।
कोभिड १९ संकट व्यवस्थापन समिति के बईठक से सोमार के मध्यरात से सप्तरी मे निषेधाज्ञा हटवले बा । राजविराज के ४४ सहित ५० जने संक्रमित थप भईला पर सप्तरी मे संक्रमित होखेवाला के सङ्ख्या १ हजार ९० पुगल स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी जनवले बा ।
संक्रमित मेसे ७३६ जने ठिक होके घर गईल स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी के निमित्त प्रमुख दुनियालाल यादव बतवनी । जउना मे १०५ जने जनानी बाडि । सप्तरी मे बुध के दिने १ पुरुष के मृत्यु भईला के बाद सप्तरी मे मृत्यु होखेवाला के संख्या ९ पुगल बा । जउना मे १ जने जनानी बाडि ।
एहितरे सप्तरी के मृगौला पीडित एक पुरुष के बुध के दिने सबेरे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा । स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी के मुताविक खडक नगरपालिका–३ के ३५ बरीस के पुरुष के धरानस्थित बिपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान के कोभिड–१९ अस्प्ताल मे मृत्यु भईल बा ।
राजविराजस्थित गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे डायलासिस सेवा लेरहल मृतक सहित मृगौला पीडित ६ जने के सोमार के दिने संक्रमित पुष्टि भईल रहे । डायलासिस सेवा लेरहल १ मरेजी आ १ नर्स मे भादो २० गते संक्रमण देखल गईला के बाद आउर मरेजी के भी पीसीआर परीक्षण कईल रहे ।
सोमार के दिने संक्रमित पुष्टि भईल मेसे ३५ बरीस के युवक के अवस्था गम्भीर बनला के बाद मंगर के दिने राजविराज से धरान रेफर कईल राजविराजस्थित अस्पताल जनवले बा ।
प्रतिष्ठान के प्रवक्ता डाक्टर दिनेश सापकोटा कोरोना पोजिटिभ देखल गईल युवक के मंगर के दिने प्रतिष्ठान भर्ना कईला मे ईलाज के समय मे बुध के दिने सबेरे मृत्यु भईल बतवनी । हप्ता मे दु बेर नियमित डाइलसिस कर रहल युवक मे उच्च रक्तचाप के भी समस्या रहे ।
युवक के सबेरे मृत्यु भईला सँगे सप्तरी मे मृत्यु होखेवाला के सङ्ख्या ९ पुगल बा । उनकर लास धरान मे रहल बा ।
धरान से लास लियावे खातिर खडक नगरपालिका के एम्बुलेन्स पठावे के तईयारी हो रहल स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी के निमित्त प्रमुख दुनियालाल यादव बतवनी । नेपाली सेना खडक नगरपालिका भितर लास के व्यवस्थापन करेके यादव जानकारी देहनी ।






