जनमत पार्टी के पकाहामैनपुर मे ५७ सदस्यीय वार्ड समिति बनल

वीरगंज ३१ भादो
जनमत पार्टी के पकाहामैनपुर गाँवपालिका के वार्ड नं. १ धोरे मे अमित शर्मा के संयोजकत्व मे ५७ सदस्यीय वार्ड कमिटी गठन कईल बा । जउना मे सदस्य विशाल मेहता, भोला शर्मा, सुनिल मेहता, सुबास पाल, ओम प्रकाश पटेल, लक्षुमण पटेल, कमलेश सोनी लगायत ५७ जने रहल रहलन ।
उ कार्जक्रम मे पार्टी के अगाडि बढावे खातिर पर्सा जिल्लाभर गठन प्रक्रिया अगाडि बढला मे नगरपालिका से गाँवपालिका तक के वार्डसब मे सम्पर्क समिति आ वार्ड कमिटि गठन करत जाएके पार्टी के दिशानिर्देश बमोजिम ई वार्ड मे उ समिति गठन कईल वक्तालोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
उ भेला मे पार्टी पर्सा के सह इन्चार्ज इ.राहुल रौनियार, पार्टी के महिला जिल्ला अध्यक्ष अनिता रौनियार, उपाध्यक्ष सबो खातुन आ सदस्य नजमा खातुन लगायत वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ ईनर्वा के संयोजक नितेश महतो के विशेष उपस्थिति रहल रहे ।





