जनकपुर के जानकी हेल्थ केयर अस्पताल मे तोडफोड

जनकपुरधाम १२ वैशाख
मरेजी के मृत्यु के विषय के लेके एतवार के दिने जनकपुरधामस्थित जानकी हेल्थ केयर एण्ड टिचिङ हस्पिटल तोडफोड भईल बा ।
धनुषा के मिथिला नगरपालिका– ८ कुसुमबिसौना मे मोटरसाइकल दुर्घटना मे घायल भईल २८ बरीस के सुनील शर्मा के मृत्यु के विषय के लेके आफन्तसहित के समूह हस्पिटल मे तोडफोड कईले बा ।
घायल शर्मा के अस्पताल मे लियावते मातर चिकित्सक अवस्था गम्भीर रहल कहत तत्काल सुविधासम्पन्न अस्पताल मे लेजाए खातिर निहोरा कईले रहलन । ओकरा बाद काठमाण्डु लेजाए खातिर हेलिकप्टर मँगावल समय चिकित्सक शर्मा के मृत्यु भईल जानकारी देहला के बाद हेलिकप्टर रोकल मृतक के काका जयप्रकाश ठाकुर बतवनी ।
उ समय तक शर्मा के मृत्यु ना भईल माकिर समय मे बढिया ईलाज ना मिलके मृत्यु भईल उनकर दावी बा । ‘ई समय तक ईलाज के खातिर काठमाण्डु पुगावल गईल रहित । हमर भतिज के मृत्यु चिकित्सक के लापरवाही के चलते भईल बा, एकर छानबिन होखेके पडल’ ठाकुर कहनी ।
सुनील के मृत्यु के बाद उनकर आफन्त अस्पताल के आकस्मिक कक्षसहित अनेकन जगहा के झाल के सिसा फोरले बाडन । तोडफोड के बाद अस्पताल के मूल गेट मे ताला लगावल गईल बा आ बाहर सुरक्षाकर्मी परिचालन कईल बा ।






