पर्सा के ग्रामीण सीमा नाका से बिना रोकटोक सर्वसाधारण के आवत जावत, सुरक्षाकर्मी मौन

मेघराज राय

जीराभवानी ३१ भादो

पर्सा के ग्रामीण सीमा नाका से बिना रोकटोक सर्वसाधारणलोग भारतीय बजार मे आवत जावत करेके क्रम बढल बा । कुछ दिन पहिले वैकल्पिक रास्ता होत चोरालुकाके जारहल सर्वसाधारणलोे अभी मुख्य नाका से हि आवत जावत कर रहल बाडन ।

सीमावर्ती क्षेत्र के स्थानीय मात्र ना होके जिल्ला के अनेकन ग्रामीण क्षेत्र से भी मोटरसाईकल आ साईकल लेके किनमेल के खातिर भारतीय बजार मे जाएवालालोग के भिड सहजे देखल जा सकता ।

ओईसे जाएवाला सर्वसाधारण के नाका मे रहल सुरक्षाकर्मीलोग भी बिना रोकटोक जाए देरहल बाडन । सीमा क्षेत्र के आवतजावत मे पूर्ण रुप मे रोक लगावल गईल बा ।

माकिर पर्सा जिल्ला के ग्रामीण नाका भिस्वा, असवारी, जानकीटोला, दसावता, पान्डेपुर, पिडाडीगुठी, महादेवपट्टी, मालीबस्ती लगायत के नाका मे सर्वसाधारण के आवतजावत वितल समय के जईसन सामान्य बनत गईल बा ।

दैनिक सामान आ दवाबिरो के खातिर कहत प्रमुख नाका से सुरक्षाकर्मी हि बिना रोकटोक आवत जावत करे देहला के बाद जिल्ला मे कोरोना संक्रमण के जोखिम के बढावल स्थानिय सचेतलोग के कहनाम रहल बा ।

समाचार तइयार करे तक जिल्ला मे २४ सय ५१ संक्रमित भईल बाडन । ४२ जने के मृत्यु भईल बा । सीमावर्ती भारतीय बजार मे भी हरेक दिन संक्रमण के दर उच्च बनत गईल स्थानीय जानकारलोग कहनाम बा ।

सीमा क्षेत्र के भारतीय बजार मे लम्हर तथा छोट दुरी के सार्वजनिक सवारी साधन भी पूर्ण रुप मे खुला कईल बा । ओकरा चलते भी सर्वसाधारणलोग दैनिक किनमेल से नरकटीयागन्ज, बेतिया, बागाहा, नौतनवा, गोरखपुर लगायत के बजार मे ईलाज के खातिर जाके फिर्ता आ रहल बाडन ।

हरेक दिन जईसन २ हजार से बेसी स्थानीयलोग भारत जाके आरहल स्थानीय नेसार समानी बतवनी । सीमा मे सुरक्षाकर्मी रहला पर भी सामान्य पुछपाछ करके आवेजाए देरहला से अभी चहलपहल बढल उ बतवनी ।

नेपाल से भारतीय बजार मे दैनिक उपभोग्य सामान आ लत्ताकपडा सस्ता मे मिलेवाला भईला से सिक्टा, मैनाटाड, ईनार्वा, भङ्गहा, जमुनीया लगायत के जगहा से सामान किनके फिर्ता आरहल जीराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. १ के ग्यासुदिन मिया बतवनी ।

दसावता स्थित प्रमुख नाका मे खटल एक पुलीस जवान आवेजाएमे रोकला पर स्थानीयलोग प्रतिकार मे उतरे लागला से रोक लगावे ना सकल बतवनी ।

‘सामान किने खातिर हरेक दिन सर्वसाधारणलोग आवेलन । रोक लगईला पर उलटे पुलीस उपर हाथपात करेके खोजेलन । भारत से लियावल सामान के चेकजाँच करके छोडल जा रहल बा’ कहके बतवनी ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी आसमान तामाङ्ग ग्रामीण सीमा क्षेत्र मे आउजाउ बढल आ एकरा से कोरोना संक्रमण के जोखिम के बढावल बतवनी । ‘भारतीय बजार मे किनमेल के खातिर जाएवाला के संख्या बढल बा ।

एमे सर्वसाधारण से स्थानीय सरकार भी गम्भिर बनल जरुरी बा । फिरभी आवतजावत के कडाई करेके प्रयास कईल जाई’ प्रजिअ तामाङ्ग बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।