गौर मे तरकारी भी मिल रहल, दुरी भी कायम

रौतहट १३ चईत,

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण देखल गईला के बाद सरकार लकडाउन के घोषणा करत सभी के आपन आपन घर भितर रहे खातिर निहोरा कईले बा । माकिर दैनिक उपभोग्य सामानसब किनमेल करेके बाध्यता भी बा ।

तरकारी, खाद्यान्न, दवाई लगायत के सामान भी किनेके पडि, भिडभाड से बँचेके पडि । रौतहट मे तरकारी भी किने मिलेके, दुरी भी कायम करेके उपाय निकलले बा । गौर नगरपालिका व्यवस्थित रुप मे तरकारी के हाट बजार सञ्चलान मे लिआईल बा ।

नगरपालिका कार्यालय से पूर्व ओरी रहल तरकारी बजार के विक्रेता आ क्रेताबीच तीन फिट के दुरी कायम करेके व्यवस्था मिलावल गईल बा ।

“दैनिक उपभोग्य तरकारी के सहज आपूर्ति आ स्थानिय के स्वास्थ्य दुनु के ख्याल करत निश्चित दुरी कायम कईल बा” कहत मेयर अजय गुप्ता, “तरकारी बजार भितर प्रवेश करेवाला के मास्क अनिवार्य कईल बा । तरकारी बिक्रेता आ क्रेताबीच दुरी राखल गईल बा । ओमे सशस्त्र प्रहरी बल सहजोग कईले बा ।”

खरिदकर्ताबीच भी दुरी कायम करे खातिर तीन फिट के दुरी होखेवाला किसिम से बर्गाकार घेरा बनावल गईल बा । आ उहे लाइन मे रहके सामान किनेके पडि । अईसे तरकारी किनला पर सहज भईल गौर ३ के स्थानीय उपभोक्ता भवनाथ झा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।