संविधान दिवस के दिन पर्सा के वीरगंज आ पकहा मैनपुर मे जसपा बिरोध प्रदर्शन कईलख

वीरगंज ०३ कुवार

आजु कुवार ३ गते संविधान बनल दिन । संविधान बनल दिन कुछ पार्टी दिपावली तथा कुछ पार्टी कालो दिवस मनवले बाडन ।

इहे क्रम मे जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) संविधान दिवस के अवसर मे वीरगंज मे विरोध जुलुस तथा प्रदर्शन करत कालो दिवस मनवल बाडन ।

जसपा के नेता कार्यकर्ता ‘अपुरो संविधान विरोध कार्जक्रम’ नारा लिखल ब्यानरसहित पर्सा के वीरगंज मे बिरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।

वीरगंज के घण्टाघर से शुरु भईल विरोध कार्जक्रम नगर परिक्रमा करत फेनु घण्टाघर मे पुग के विरोध सभा मे परिणत भईल रहलन ।
जसपा संविधान संशोधन के माग करत आईल बा माकिर सरकार कउनो सुनुवाई नइखे कईले ।

कैयनलोग संविधान के मर्म के स्वीकार करके चुनाव मे सहभागी भर्ईल, संघीय सरकार मे गईल, प्रदेश २ सरकार के नेतृत्व कर रहल अवस्था मे संविधान के विरोध कईला के कउनो अर्थ ना रहल टिप्पणी कर रहल बाडन ।

जसपा के नेता रामनरेश यादव आ जगदीश पटेल के संयुक्त अध्यक्षता मे भईल बिरोध सभा मे प्रमुख अतिथि पर्सा क्षेत्र नं. ४ के प्रतिनिधिसभा सदस्य एवं जसपा नेता लक्ष्मणलाल कर्ण मधेसी, जनजाति, दलित, महिला लगायत बहिस्कृत समुदाय के अधिकार संविधान मे ना समेटल बतवनी ।

संविधान जारी भईल समय खुदसब उपर घात भईल कहत उ, ‘आउर दिपावली मना रहल बाडन ।

माकिर हमनी संविधान संसोधन ना होखे तक एकर विरोध करत रहेम ।’
नयाँ संविधान से अन्तरिम संविधान से देहल अधिकार भी छिनाईल उनकर कहनाम बा ।

६ महिना लम्हर शान्तिपूर्ण अदभुत आन्दोलन से अपूरो संविधान के पूर्ण बनावे मे चासो ना देहल कहत उ, ‘४ बरीस ना, मधेसी, जनजाति लगायत के अधिकार ना मिलला पर ४०० बरीस तक आन्दोलन करेमसन ।’

उ अवसर मे प्रदेशसभा सदस्य रमेश प्रसाद कुर्मी, सिंहासन कलवार, करिमा बेगम, भिमा यादव लगायत के नेता कार्यकर्तालोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।

कार्जक्रम मे जसपा के नेता सुन्दर कुर्मी, तबरेज अहमद, बिन्दवासिनी गाँवपालिका के अध्यक्ष श्रीलाल साह कानु, युवा नेता गौरीशंकर साह, बासुदेव यादव, ईश्वर यादव, ओमप्रकाश सर्राफ, राजुदिन बाबु, रबदुला खान, अंशु साह कानु, रुस्तम शेख, मनमोहन पाण्डे लगायत नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

एहितरे पर्सा जिल्ला के पकहामैनपुर गाँवपालिका मे भी जसपा के नेता कार्यकर्तालोग कालो दिवस मनवले बाडन ।

संविधान जारी भईल दिन कुवार ३ गते सुरक्षाकर्मी के गोली से पकहामैनपुर निवासी सत्रुध्न पटेल शहिद भईल रहनी । पकहामैनपुर मे शहिद पटेल के शालिक भी बनावल गईल बा ।

उहे शालिक मे पर्सा क्षेत्र नं. ४ के सांसद कर्ण, प्रदेशसभा सदस्य प्रहलाद गिरी, करिमा बेगम, निलम्बित सांसद हरिनारायण रौनियार, पकहा मैनपुर गाँवपालिका के प्रमुख बिजय चौरसिया, उपप्रमुख एवं शहीद पटेल के माई कुसुमी देवी, नेतालोग निजामुदिन समानी लगायत के नेता कार्यकर्तालोग शहिद के शालिक मे माल्यार्पण करत श्रद्धाञ्जली व्यक्त कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।