सिडियो शान्ति सुरक्षा देवे मे असफल भईल कहत कर्मचारीलोग आन्दोलित
वीरगंज २० माघ
कर्मचारी दुव्र्यवहार करेवाला के कारवाही के माग करत कर्मचारीलोग आजु जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा घेराव कईले बाडन ।
धोबिनी गाँवपालिका के योजना शाखा प्रमुख पप्पु पटेल के दुव्र्यवहार करेवाला उपर कारवाही के माग करत नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा के नेतृत्व मे कर्मचारीलोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय घेराव कईले बाडन । कर्मचारीलोग कार्यालय के कामकाज बन्द करके कार्यालय समय १०ः३० बजे से ११ः३० बजे तक एक घण्टा जिल्ला प्रशास कार्यालय के मुल गेट मे धर्ना देहले रहलन । उलोग धोषी के कारवाही कर, शान्ति सुरक्षा कायम कर, कर्मचारी एकता जिन्दावाद लगायत के नारा भी लगवले रहलन ।
गाँवपालिका के वार्ड नम्बर १ के वार्ड सदस्य शान्ति देवी के मरद धर्मन राउत कुर्मीसहित ठेकेदार आ स्थानीय के एक समुह माघ १३ गते बियफे के दिन योजना शाखा प्रमुख पटेल के दुव्र्यवहार कईले रहलन ।
दोषी के कारवाही करे खातिर जाहेरी लेके गईला पर भी पुलीस दर्ता ना कईल निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा के अध्यक्ष अमित कुमार गिरी बतवनी । जाहेरी दर्ता के खातिर प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेश कुमार ढकाल आ प्रहरी उपरिक्षक रमेश कुमार बस्नेत संगे पहल कईइला पर भी दर्ता ना भईल उ सिकाईत कईनी ।
अध्यक्ष गिरी कर्मचारी के शान्ति सुरक्षा के व्यवस्था मिलावे खातिर प्रमुख जिल्ला अधिकारी ढकाल से माग भी कईनी ।
गाँवपालिका से कृषक के वितरण करेवाला मोटर हमनी से कहल ठेक्दारमार्फत खरिद ना कईल आक्रोश मे धर्मनसहित के समुह योजना शाखा प्रमुख पप्पु के उनकरे कार्यकक्ष मे गाली गलौजसहित लछार पछार करत पिटपाट के प्रयास भी कईले रहलन । धर्मनसहित के समुह पप्पु के उनकरे कर्यकक्ष मे २ घण्टा बन्द करके कोठरी बाहर भी निकले ना देहले रहलन ।
कर्मचारी संगठन माघ १७ गते सोमार के दिने कर्मचारी दुर्व्यवहार करेवाला कुर्मी उपर कारवाही के माग करत प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेश कुमार ढकाल के ज्ञापन पत्र भी बुझवले रहे ।
धर्ना कार्जक्रम मे नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा के सचिव सुरेन्द्र यादव, कोषाध्यक्ष राजेश राम, धोविनी गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राजु साह, पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका आ पोखरिया नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत सन्देश यादव, जगरनाथपुर गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राज कुशवाहा, जिराभवानी गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत प्राण मेहता लगायत के कर्मचारीलोग के सहभागिता रहल रहे ।