शिक्षा के उठावेला ल्यापटप देहल गईल

प्रभु यादव
कुआर १२ बारा
बारा के देवताल गाउपालीका मे शिक्षा के उठावेला ल्यापटप देहले बा ।
विधालय मे पढनिहार लईकालईकी के आवेवाला दिन मे उच्च शिक्षा हासिल करे मे मद्दत पुगे खातिर ल्यापटप देहल गईल गाउपालीका अध्यक्ष चन्दन कुमार सिह जनकारी करावले बानी ।
गाउपालीका मे रहल १३ गो स्कुल मे से तीन गो स्कुल मे मावि स्तर मे पुगरहल जवना मे के कलास ८ आ ९ कलास मे परीक्षा मे प्रथम , दुसरा आतिसरा भईल लोग के ल्यापटप देहल गईल बा ।
कार्जक्रम मे बोलत गाउपालीका अध्यक्ष सिह गाउपालीका मे रहल स्कुल से एस ई ई परीक्षा मे प्रथम करेवाला के विज्ञान विषय पढेला दु साल के लागेवाला फिस देहल जाये के घोषण कईनी ।
ल्यापटप लेवेवाला नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय के कलास ८ मे पथम करेवाला शशिकुमार यादव , दुसरा होखेवाला अखलेश कुमार यादव शतिसरा होखेवाला राहुल कुमार मण्डल के देहल गईल रहल ।
ओईसही कलास ९ मे प्रथम होखेवाला ममता कुमारी गिरी , दुसरा होखेवाला रोहित कुमार मिश्र आ तिसरा होखेवाला मनकुश कुमार गोढ के ल्यापटप देहल गईल बा । इनरदेव निम्नमाध्यमिक स्कुल के कलास ८ के सुमित कुमार प्रथम , अन्तरा कुशवाहा दुसरा आ शैलेस कुमार तिसरा भईल के ल्यापटप देहल गईल ।
नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक स्कुल रौवाही के कलास ९ के अवधेश राम प्रथम , रामनिवास पंडित दुसरा अउर सुनिल सहनी तिसराका भईल रहलन आ कलास ८ मे अकाश कुमार प्रजापति प्रथम , प्रियाका कुमारी प्रजापति दुसरा आ अखलेश पडित तिसरा भईल रहलन उ लोग के ल्यापटप देहल गईल ।
ल्यापटप वितरण कार्जक्रम मे देवताल गाउपालीका के प्रमुख प्रशासकिय प्रमुख सिकेन्द्र साह शिक्षा ना होईत कुछ नाहोसकता सम्भव कहनी ।
वडा नम्वर ४ के अध्यक्ष सिकेन्द्र सहनी देवताल गाउपालीका मे १३ स्कुल मे कवनो संरचना ना भईल रहल सुना से सुरू कर के अगाडि बढा के शिक्षा मे विशेष जोड देहल जारहल जनकारी करावले रहनी ।
गाउपालीका के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे कार्यपालीका सदस्य , शिक्षक , विद्यार्थी , आगारजियन लोग के सहभागिता रहल रहे ।






