वीरगंज मे असार १ गते से विद्यालय सञ्चालन होखी

वीरगंज २२ जेठ

वीरगंज महानगरपालिका असार १ गते से क्रमिकरुप मे विद्यालय खोलेके निर्णय कईले बा । महानगरपालिका असार १ गते से विद्यार्थी के उपस्थिति मे किलास ८ से १२ तक किलास सञ्चालन करे लागल बा ।

लईकालइकी के शैक्षिक नोक्सानी के मध्यनजर करत क्रमिकरुप मे विद्यालय सञ्चालन करे लागल महानगरपालिका के तर्क बा ।

शैक्षिक प्रशासन महाशाखा के प्रमुख अरविन्द लाल कर्ण सभी सामुदायिक तथा संस्थागत विद्यालयसब मे पत्राचार करत असार १ गते से विद्यालय सञ्चालन करे खातिर आह्वान कईले बाडन ।

विद्यालय सञ्चालन करे खातिर ७ गो शर्तसब पालना करेके पत्र मे उल्लेख कईल बा । विद्यालय मे भौतिक उपस्थिति कराके पठनपाठन करे खातिर विद्यार्थीलोग के अभिभावकसब से लिखित सहमति लेवेके आ स्वास्थ्य सुरक्षा के मापदण्डसब (मास्क, साबुन, पानी से हाध धोवेके व्यवस्था, सेनिटाइजर भौतिक दुरी, थर्मल गन से बोखार नापेके आदि) अनिवार्य पालना करेके पडि ।

एहितरे दोसर सूचना जारी ना होखे तक सवारी साधन सञ्चालन करे ना मिलेके, शिक्षण सिकाइ के वैकल्पिक उपायसब विद्यालय आ अभिभावकबीच सहमति करके लागु करेके, असार १ गते से ७ गते तक भर्ना लगायत के व्यवस्थापकीय काम करे करावेके, असार ८ गते से १५ गते तक भर्ना सप्ताह अन्र्तगत घरदुवरी कार्जक्रम सञ्चालन करेके, असार १५ गते पश्चात नियमति रुप से पठनपाठन सुरु करे करावेके आ कउनो भी विषम स्थिति देखते मातर शैक्षिक प्रशासन महाशाखा मे जानकारी कराके निर्देशन मुताविक करे करावेके पत्र मे उल्लेख बा ।

वीरगंज महानगर मे निजी आ संस्थागत करके २०० हाराहारी मे विद्यालय बा । नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी कोरोना संक्रमण घटत गईला से विद्यालय सञ्चालन करेके निर्णय भईल बतवनी ।

‘एतवार से हि स्कुल खोलके सरसफाइ करेके, नतिजा निकालेके काम कहल गईल बा । विद्यार्थी भर्ना सँगे किलास सञ्चालन के काम क्रमशः करत जाएके नगर स्तरीय शिक्षा समिति के बईठक से निर्णय भईल बा,’ कहत उ, ‘परिस्थिति मुताविक जरुरी निर्णयसब करत जाईल जाई ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।