अवैध निकासी होखे लागल साढे दु करोड के केराव सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज १४ कुवार,

भारत ओरी तस्करी करे खातिर गोदाम मे लुकाके राखल अवस्था मे पुलीस वीरगंज स्थित नेपाल–भारत सीमा क्षेत्र से बहुते परिमाण के हरिहर केराव बरामद कईले बा ।

पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका–१६ इनरवास्थित नेपाल–भारत सीमा लगे गोदाम मे राखल अवस्था मे पुलीस बुध के दिने ३ हजार २५० क्विन्टल हरिहर केराव सहित एक जने के पकडले बा ।

प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम के मुताविक बारा के परवानीपुर गाँवपालिका–३ लिप्नी मे रहल प्रिज्म एग्रो कमोडिटिज ट्रेडिङ्ग प्रालि के प्रोप्राइटर ललितपुर निवासी बेदान्तजंग राणा उ केराव गोदाम मे स्टोर करके राखल रहे ।

भारत ओरी तस्करी करेके उद्देश्य से गोदाम मे स्टोर करके राखल सूचना के आधार मे प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुरधाम आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के संयुक्त टोली केराव नियन्त्रण मे लेहल प्रदेश प्रहरी प्रमुख डीआईजी धिरजप्रताप सिंह जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक गोदाम से ६ हजार ५ सय बोरा केराव बरामद भईल बा । एगो बोरा मे ५० किलो के दर से केराव प्याक करके भण्डारण करके राखल अवस्था मे केराव बरामद कईल उ बतवनी ।

बरामद कईल केराव के बजार दाम करिब २ करोड ६० लाख रोपेया बराबर के रहल सिंह बतवनी ।
तस्करी करेके उद्देश्य से लुकाके राखल केराव बरामद भईला के बाद उ कम्पनी के म्यानेजर प्रभात श्रेष्ठ आ ना.६त ८७१० नम्बरके ट्याक्टर के भी नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान हो रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।