मुर्ली पोखरी छठघाट सजावट मे २१ लाख खर्च

मुर्ली पोखरी छठघाट सजावट मे २१ लाख खर्च

वीरगंज ०२ अगहन

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १२ मुर्ली पोखरी मे २१ लाख रोपेया खर्च करके छठघाट सजावट के काम कईल बतावल गईल बा ।

मुर्ली पोखरी छठ पुजा ब्यवस्थापन समिति शनिचर के दिने पत्रकार सम्मेलन करके मुर्ली छठघाट के सजावट आ व्यवस्थापन मे मात्र करिब २१ लाख रोपेया खर्च होखेके अनुमान कईल छठपूजा व्यवस्थापन समिति मुर्ली के कोषाध्यक्ष राजेश कुमार गुप्ता बतवनी । छठघाट मे टेण्टपण्डाल, फुल, बत्ती सजावट मे ९ लाख, भिडियो ग्राफी मे ७५ हजार, चिठ्ठा के पुरस्कार मे २ लाख ५० हजार, सरसफाई मे १ लाख ५० हजार रोपेया खर्च होखेके समिति के कोषाध्यक्ष गुप्ता बतवनी ।

सुरक्षा उपसमिति के संयोजक मदन साह कानु छठघाट मे आवेवाला ब्रतालु, दर्शनार्थी आ भक्तजनलोग के सुरक्षा सहजता के खातिर नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी करके करिब १ सय ५० जने सुरक्षाकर्मी, समाजिक युवा एकता क्लब आ फ्रेन्डस अर्गनाइजेशन सोसल एक्टिभिटी एण्ड सर्भिस के ५० जने स्वंयसेवक परिचालन करेके बतवनी । एहितरे छठघाट परिसर मे २० गो सिसिटिभी क्यामेरा जडान कईल आ सादा डरेस मे भी पुलीस परिचालन करेके सुरक्षा समिति के संयोजक कानु बतवनी । बितल बरीस के छठघाट सजावट आ ब्यवस्थापन मे ११ लाख आ आम्दानी से खर्च कटाके १ लाख ४७ हजार रोपेया बचत भी भईल समिति के कोषाध्यक्ष गुप्ता बतवनी ।

समिति के अध्यक्ष बिजय उपाध्याय के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे वार्ड अध्यक्ष सुरेश प्रसाद गुप्ता, सल्लाहकार सिताराम साह कानु, रामअवतार साह कानु, तारा प्रसाद साह, धिरज साह कानु लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।