इट्टाभटा मे काम करेवाला लईका लईकी के रहत ।

प्रभु यादव

बारा १५ कुवार

बारा के फेटा गाउपालीका यडा नम्वर ३ के फेटा मे दु जने लईका लईकी राहत देहल गईल बा ।

ग्रामिण विकास केन्द्र नेपाल चन्द्रपुर रौतहट के आयोजना मे आ युनिसेफ के सहयोग मे राहत वितरण कईल गईल बा ।
रहत मे जनही पाच हजार बराबर के खद्दान्य समान चामल ३० किलो , आलु ५ किलो प्याज २.५ किलो ,दाल ३ किलो , स्वाविन १ किलो , नुन २ किलो , तेल २ लिटर , नहायवाला साबुन ६ , कपडा सफा करेवाला ६ , सर्फ लगायत के गरिब लोग के राहत देहल गईल ग्रामिण विकास केन्द्र नेपाल के बाल संरक्षण अधिकृत ओमप्रकाश राम जनकारी करावले बानी ।

मरद मर गईल आ बेटा इट्टा भठा मे काम कर के आपन गुजरा करेवाला परिवार के राहत देहल गईल बा ।

फेटा गाउपालीका वार्ड नम्वर ३ के विकास राम आ अनिता कुमारी राम के गारजियन लोग के वडा अध्यक्ष उपेन्द्र साह के हात से राहत समाग्री देहल गईल ।

राहत वितरण कार्जक्रम मे चाल्ड प्रोडक्सन जिल्ला अधिकृत बारा आ रौतहट देखेवाला , समाजसेवी ओमप्रकाश गिरी संचारकर्मी अनिल पाण्डे लगायत गाव के भरभलादमी लोग के सहभागिता रहल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।