एक दिन मे २७२२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, ३३०७ जने संक्रमणमुक्त

काठमाण्डु १६ कुवार

पिछिलका २४ घण्टा मे २ हजार ७२२ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । देशभर के प्रयोगशाला मे १४ हजार ७३९ नमुना परीक्षण कईला पर ९६५ जनानी आ १७५७ पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या ८२ हजार ४५० पुगल बा । उलोग मेसे ५२० जने के मृत्यु भईल बा आ ६० हजार ६९६ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।
पिछिलका २४ घण्टा मे मात्र ३३०७ जने संक्रमणमुक्त भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।

अभी देशभर २१ हजार २३४ सक्रिय संक्रमित बाडन । उलोग मेसे ११ हजार ७६० होम आइसोलेसन मे बाडन । ९ हजार ४७४ संस्थागत आइसोलेसन मे बाडन, जउना मेसे २१० जने आईसीयू आ २९ जने भेन्टिलेटर मे ईलाज हो रहल बा ।

एहितरे मन्त्रालय के मुताविक काठमाण्डु उपत्यका मे १ हजार ६३८ संक्रमित थपाईल बाडन, जउना मेसे काठमाण्डु के १२८० जने, भक्तपुर मे १९६ आ ललितपुर के १६२ जने बाडन ।

मोरङ के १५० जने, सुर्खेत के १२२, रुपन्देही के ९२, चितवन के ८३, बाँके के ७०, मकवानपुर के ५५, दाङ के २८, गुल्मी के २६, पर्सा के २४, झापा, सुनसरी, काभ्रे, धादिङ आ नवलपरासी के २३÷२३ जने, सिराहा के २२, नवलपुर के १६, सप्तरी आ दार्चुला के १५÷१५ जने, बारा आ लमजुङ के १४÷१४ जने, सिन्धुली, कास्की आ कैलाली के १३÷१३ जने, बागलुङ के १२, नुवाकोट, पाल्पा आ प्युठान के ११÷११ जने तथा सिन्धुपाल्चोक, अर्घाखाँची आ दैखेल के १०÷१० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

बर्दिया के ९ जने, अछाम आ डोटी के ८÷८ जने, तनहुँ, कपिलवस्तु आ कञ्चनपुर के ७÷७ जने, महोत्तरी, सर्लाही आ जुम्ला के ६÷६ जने, धनुषा आ बझाङ के ५÷५ जने, रौतहट आ गोरखा के ४÷४ जने, रामेछाप, म्याग्दी, कालीकोट आ बैतडी के ३÷३ जने, उदपयुर, तेह्रथुम, दोलखा, स्याङ्जा आ रोल्पा के २÷२ जने तथा खोटाङ, ताप्लेजुङ, संखुवासभा, पर्वत आ बाजुरा के १÷१ जने मे संक्रमण देखल गईल मन्त्रालय जनवले बा ।
एहितरे पिछिलका २४ घण्टा मे ३ हजार ३०७ जने कोरोना भाइरस संक्रमणमुक्त भईल बाडन । स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक अब कोरोना भाइरस संक्रमण मुक्त होखेवाला के संख्या ६० हजार ६ सय ९६ पुगल बा ।

प्रदेश १ मे ५ हजार ४०२, प्रदेश २ मे १३ हजार ९२८, बागमती प्रदेश मे १८ हजार ८५१, गण्डकी प्रदेश मे ३ हजार ३७९ जने कोरोना भाइरस संक्रमण मुक्त भईल बाडन ।

एहितरे प्रदेश ५ मे ९ हजार ८१, कर्णाली मे ३ हजार २५ आ सुदूरपश्चिम मे ७ हजार ३० जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।

पिछिलका २४ घण्टा मे २७ सय २२ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण भईल बा । संक्रमित के कुल संख्या ८२ हजार ४ सय ५० रहल बा ।

नेपाल मे कोरोना संक्रमण ठिक होखेवाला के दर ७३.६ प्रतिशत रहल मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. जागेश्वर गौतम जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।