डा. केसी के जीवन रक्षा के माग करत वीरगंज मे धर्ना

वीरगंज १६ कुवार
चिकित्सा शिक्षा आ स्वास्थ्य क्षेत्र मे सुधार के माग राख के अनशनरत डाक्टर गोविन्द केसी के समर्थन मे वीरगंज मे धर्ना तथा प्रर्दशन कईल बा ।
डा. केसी के १९ वाँ सत्याग्रह के समर्थन मे समर्थकलोग डा. केसी के जीवन रक्षा के माग करत उ उठावल जायज मागसब सम्बोधन करेके दवाब देवेके उदेश्य से शुक के दिने वीरगंज मे धर्ना तथा प्रदर्शन कईले बाडन ।
जसपाल सिंह के नेतृत्व मे वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल अगाडि सबेरे १०ः३० से ११ः३० बजे तक १ घण्टा प्रदर्शन कईले रहलन ।
प्रदर्शन मे सहभागी डाक्टर गोविन्द केसी के माग पूरा कर, डाक्टर केसी के जीवन रक्षा कर, डाक्टर केसी के अनसन मेडिकल माफिया के टेनसन, लुटतन्त्र बन्द कर, अख्तियार उपर के हस्तक्षेप आ दलीय भागबण्डा बन्द कर लगायत के नारा लिखल ब्यानर तथा प्लेकार्ड लेहले रहलन ।
धर्ना तथा प्रदर्शन मे नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी वीगंज एक्यबद्धता जनवले बा ।
प्रदर्शन मे नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी के अध्यक्ष डाक्टर अरुणकुमार सिंह लगायत के चिकित्सकलोग भी सहभागी भईल रहलन ।
डा. केसी के सत्याग्रह स्वास्थ्य क्षेत्र मे देखल गईल विकृति मे सुधार के खातिर भईला से सरकार अबिलम्ब वार्ता करके जीवन रक्षा करेके डाक्टर निरज सिंह बतवनी ।”
“डाक्टर केसी जीवन के बाजी राख के १९ वाँ बेर अनसन मे जाएके बाध्यकारी अवस्था आईल बा ।
सरकार तत्काल वार्ता मार्फत जायज माग के सुनुवाई करके स्वास्थ्य क्षेत्र मे देखल गईल जेतना भी वेथिति के निराकरण करेके पडि ।”
कहत डाक्टर सिंह “स्वास्थ्य जनता के मौलिक हक ह । ओकरा के राज्य से सहज आ सरल रुप मे प्रत्याभूत करेके पडि ।”






