अप्राकृतिक मैथुन के बाद ५ बरीस के लईका के हत्या

जनकपुरधाम १७ कुवार

धनुषा के एक लईका के अप्राकृतिक मैथुन के बाद हत्या भईल खुलल बा ।

बियफे से भुलाईल धनुषाधाम नगरपालिका वार्ड नम्बर ७ किसनपुर के रामेश्वर सदा के ५ बरीस के बेटा रुपेश के लास शुक के दिने कृषि इँट्टा उद्योग के परिसर भितर पानी जमल खान्ता मे झारपात से तोपल अवस्था मे मिलल रहे ।

परिवार के सदस्य लास घर लेजाके पुलीस के खबर कईले रहे । पुलीस टोली लास के पोष्टमार्टम के खातिर प्रादेशिक अस्पताल, जनकपुरधाम पठावल गईल आ २२ बरीस के रामबहादुर सदा के पकडले बा ।

उ आपन अपराध स्वीकार कईले बाडन । सदा लईका के मलद्वार मे अप्राकृतिक मैथुन करके हत्या कईल स्वीकार कईल धनुषा के प्रहरी प्रबक्ता मकेन्द्र कुमार मिश्र बतवनी ।

उनका से देहल बयान मुताविक रुपेश के विस्कुट आ चकलेट के प्रलोभन देखाके मछरी मारे खातिर पोखरा ओरी लेगईल रहलन ।

उहे समय मे लईका के मलद्धार मे अप्राकृतिक मैथुन कईलन ।

लईका ओकर प्रतिकार करत दोसर के कहेके बतईला के बाद कन्दनी घेँट दाब के हत्या कईल बयान देहले बाडन ।

घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।