पर्सा के ३२ गो वार्ड मे नेपाली कांग्रेस के पार्टी कार्यालय खुलल

वीरगंज ०७ फागुन

पर्सा के निर्वाचन क्षेत्र नं. ४ अन्तर्गत के ३२ गो वार्ड मे आजु से नेपाली कांग्रेस के वार्ड कार्यालय संचालन मे आईल बा ।

प्रजातन्त्र दिवस के अवसर मे क्षेत्र अन्तर्गत के छिपहरमाई, जगरनाथपुर, कालिकामाई, धोबिनी, जिराभवानी, ठोरी गाँवपालिका के वार्डसब मे नेपाली कांग्रेस के पार्टी कार्याल संचालन मे आईल क्षेत्रिय सचिव श्रीकान्त यादव बतवनी ।

कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. १ के मुडली मे संचालन मे आईल पार्टी कार्यालय के उदघाटन गाँवपालिका संयोजक राजिन्द्र कुमार कुर्मी कईले रहनी ।

एहितरे कालिकामाई गाँवपालिका के वार्ड नं. २ के भेडिहारी, वार्ड नं. ३ के हरिहरपुर, वार्ड नं. ४ के बलुवा आ वार्ड नं. ५ के बिरन्चीबर्वा मे पार्टी कार्यालय संचालन मे आईल जनावल गईल बा ।

एहितरे धोबिनी गाँवपालिका अन्तर्गत के वार्ड नं. १ के पिपरा, वार्ड नं. २ के आसवारी, वार्ड नं. ३ के हरिहरपुर, वार्ड नं. ४ के लङगडी आ वार्ड नं. ५ के धोबिनि मे संचालन मे आईल पार्टी कार्यालय के उदघाट महासमिति सदस्य बशिष्ठनारायण कुर्मी कईले रहनी ।

एहितरे छिपहरमाई गाँवपालिका के वार्ड नं. १ मिर्जापुर मे संचालन मे आईल वार्ड कार्यालय के उदघाटन क्षेत्रिय सभापति रमेश पाण्डे कईले रहनी ।

वार्ड नं. ५ भिस्वा मे संचालन मे आईल पार्टी कार्यालय के उदघाटन जिल्ला सचिव किशोरी साह कईले रहनी ।

वार्ड समिति के सभापति धुरेन्द्र साह के सभापतित्व मे भईल पार्टी कार्यालय उदघाटन कार्जक्रम मे महासमिति सदस्य बिरेन्द्र यादव, क्षेत्रिय सभापति रमेश पाण्डे, जिल्ला सदस्य रामेश्वर महतो, बिरेन्द्र महतो, सुरेश कुशवाहा, उदेश पटेल, बिरेन्द्र पटेल, किशोर जयसवाल, जयमंगल प्रसाद कुशवाहा, सागर मियाँ, मुक्ति पसवान, सुरेन्द्र जयसवाल, उमेश पटेल, विश्वनाथ साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

एहितरे जगरनाथपुर गाँवपालिका मे संचालन मे आईल वार्ड कार्यालय के उदघाटन महासमिति सदस्य रामदेव चौहान, जिराभावानी गाँवपालिका अन्तर्गत के पार्टी कार्यालय के उदघाटन प्रदेश सभा सदस्य शंकर चौधरी आ ठोरी गाँवपालिका अन्तर्गत के पार्टी के वार्ड कार्यालय के उदघाटन महासमिति सदस्य बृहस्तपी श्रेष्ठ से कईल जिल्ला सदस्य धर्मेन्द्र पटेल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।