आलम प्रकरण : इँटा भट्टा के हेड मिस्त्री पकडईलें

जनकपुरधाम १७ कुवार
नेपाली कांग्रेस के नेता अफताब आलम डेढ दर्जन के जियते जरावल कहल इँटा भट्टा के हेडमित्री पकडाईल बाडन ।
बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका–४ के ५५ बरीस के बद्री सहनी के प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुरधाम आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के संयुक्त टोली भारत के मुजफ्रपुर से पकडले बा ।
भारतीय स्पेशल टास्क फोर्स के सहजोग मे उनका के शुक के सँझिया पकड के नेपाल लियावल पुलीस जनवले बा ।
२०६४ चईत २८ मे संविधानसभा चुनाव मे धाँधली करेके उद्देश्य से आलम तत्कालीन राजपुर फरहदवा गाविस–४ (अभी राजपुर नगरपालिका–४) के शेख इद्रिस के घारीघर मे बम बनावे लागल आ उ समय मे विस्फोट भईल रहे ।
विस्फोट मे पर के श्रीनारायण सिंह के बेटा पिन्टु कहेवाला त्रिलोकप्रताप सिंह सहित १५÷१६ जने घायल आ २÷३ जने के मृत्यु भईल पुलीस के कहनाम बा ।
घटना के बाद मृतक आ घायल के इँटा भट्टा मे डाल के जरावल कहत श्रीनारायण राजपुत से देहल जाहेरी के आधार मे पुलीस २६ कुवार २०७६ मे कांग्रेस नेता आलम के पकडले रहे । उ अभी पुर्पक्ष के खातिर थुना मे बाडन ।
ओकर एक बरीस के बाद हेडमित्री सहनी पकडाईल बाडन ।
उ आलम के निर्देशन मे बम बिष्फोट के समय मे मृत्यु भईल आ घायल लोग के भट्टा मे जरावल स्वीकार कईल प्रदेश प्रहरी प्रमुख धिरजप्रताप सिंह जानकारी देहले बानी ।






