धोबिनी गापा मे नेपाली कांग्रेस के कार्यकर्ता भेला पुरा

वीरगंज १७ कुवार

पर्सा जिल्ला के धोबिनी गाँवपालिका मे आजु नेपाली कांग्रेस के कार्यकर्ता भेला पुरा भईल बा ।

गाँवपालिका के वार्ड नं. ५ जगरनाथपुर मे भईल भेला के सम्बोधन करत नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल कम्युनिष्ट सरकार भ्रष्टचार के अलावा कुछ करे ना सकल आरोप लगवले रहनी ।

उ कम्युनिष्ट सरकार सँगे २ तिहाई बहुमत भईला पर भी भ्रष्टाचार के अलावा कुछो करे ना सकल दाबी कइनी ।

नेता रिजाल कम्युनिष्टर सरकार कर के दायरा बढाके जनता के दुःख देहला के साथे खुद भ्रष्टाचार कर रहल बतवनी । कोरोना महामारी के समय मे भी कम्युनिष्ट सरकार के नेता तथा मन्त्रीलोग के लाज ना लागल उनकर कहनाम रहे ।

पार्टी के नेता तथा कार्यकर्तालोग के एकजुट होखे खातिर निहोरा करत रिजाल फागुन मे होखेवाला पार्टी के अधिवेशन मे सहमति के प्रयास करेके बतवनी ।

बुथ सभापति गया यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश सांसद शंकर चौधरी, नेपाली कांग्रेस के नेता बशिष्ट नारायण कुर्मी, रमेश पाण्डे, नविन सिंह, श्रीकान्त यादव, बब्लु श्रीवास्तव, सुरेश प्रसाद कुर्मी, राजेन्द्र प्रसाद कुर्मी, छठु साह, बलिष्टर अहमद लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।