२१२० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, उपत्यका मे मात्र ११७७ जने मे कोरोना

काठमाण्डु १७ कुवार
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर २१२० जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
देशभर के प्रयोगशाला मे १२ हजार ९७८ नमुना परीक्षण कईला पर ७६६ जनानी आ १३५४ पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या ८४ हजार ५७० पुगल बा । उलोग मेसे ५२८ जने के मृत्यु भईल बा आ ६२ हजार ७४० जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन । २०४४ जने पिछिलका २४ घण्टा मे मात्र कोरोना संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।
देशभर २१ हजार ३०२ संक्रिय संक्रमित बाडन । ११ हजार ५२९ जने होम आ ९ हजार ७७३ जने संस्थागत आइसोलेसन मे बाडन । उलोग मेसे २१७ जने के आईसीयू आ ३१ जने के भेल्टिलेटर मे ईलाज हो रहल बा ।
कहाँ केतना थपईलें संक्रमित ?
मन्त्रालय के मुताविक शनिचर के दिने थपाईल संक्रमित मेसे ११७७ जने उपत्यका के बाडन । काठमाण्डु के १००१ जने, भक्तपुर के ६७ आ ललितपुर के १०९ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे सुनसरी के १२२ जने, मोरङ के १११, रुपन्देही के ९८, कैलाली के ९३, रौतहट के ८२, चितवन के ७५, सुर्खेत के ४३, बारा के २५, कास्की के २२, सप्तरी आ बाँके के १९÷१९ जने, पर्सा के १८, काभ्रे के १४, धनुषा के १३, मकवानपुर के १२ तथा तनहुँ आ बर्दिया के १०÷१० जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
झापा आ दैलेख के ९÷९ जने, सिराहा, धादिङ, नुवाकोट आ नवलपुर के ८÷८ जने, उदयपुर आ पाल्पा के ७÷७ जने, रामेछाप, गोरखा, कपिलवस्तु, नवलपरासी आ प्युठान के ६÷६ जने, खोटाङ, महोत्तरी, सर्लाही आ कञ्चनपुर के ५÷५ जने, ओखलढुंगा आ दोलखा के ४÷४ जने, संखुवासभा आ लमजुङ के ३÷३ जने, स्याङ्जा, अर्घाखाँची, गुल्मी आ डडेलधुरा के २÷२ जने तथा पर्वत, म्याग्दी, बाग्लुङ,रोल्पा, कालीकोछ, दाचुृला, बझाङ आ बाजुरा के १÷१ जने मे संक्रमण देखल गईल स्वास्थ्य मन्त्रालय जनवले बा ।






