कोरोना से ५ दिन के बच्चा सहित ९ जने के मृत्यु

काठमाण्डु १८ कुवार

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से ५ दिने बच्चा सहित ९ जने के मृत्यु पुष्टि भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय आ प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्रालयसब के मुताविक चितवन के तथा काठमाण्डु, ललितपुर, मकवानपुर, मोरङ, बाँके, दैलेख आ कञ्चनपुर के एक एक जने के मृत्यु भईल बा ।

मकवानपुर के ५ दिने बच्चा के काठमाण्डु मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । जनमला पर कम तौल आ सेप्सिस भईल उनका १३ गते अस्पताल भर्ना कईल रहे आ उहे दिन कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल । उनकर ईलाज के समय मे १५ गते मृत्यु भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।

कालिका नगरपालिका–७, चितवन के ६२ बरीस के पुरुष के एतवार के दिने भरतपुर अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । खोकी आ श्वासप्रश्वास के समस्या के चलते अस्पताल भर्ना भईल उनका के १६ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

इच्छाकामना–३, चितवन के ५५ बरीस के जनानी के शनिचर के दिने भरतपुर अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । मिर्गौला सम्बन्धी रोग से पीडित उ कुवार ५ गते अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

नयाँबजार, काठमाण्डु के ५५ बरीस के पुरुष के शनिचरके दिने वीर अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । फोक्सो के समस्या लेके शनिचर के दिने हि अस्पताल भर्ना भईल उनका निमोनिया भईल रहे ।

बियफे के दिने वीरेन्द्र अस्पताल मे मृत्यु भईल गोदावरी, ललितपुर के ७७ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । उ निमोनिया होके कुवार १५ गते अस्पताल भर्ना भईल रहलन ।

नेपालगञ्ज उपमहानगरपालिका–१२, बाँके के ६० बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने भेरी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।

१५ गते संक्रमण पुष्टि भईला के बाद अस्पताल भर्ना भईल उ मधुमेह, उच्चरक्तचाप आ मुटु रोग के मरेजी रहनी ।

महेन्द्रनगर–१, कञ्चनपुर के २९ बरीस के सुत्केरी के एतवार के दिने नेपालगञ्ज मेडिकल कलेज शिक्षण अस्पताल, कोहलपुर मे मृत्यु भईल बा ।

सेती प्रादेशिक अस्पताल मे जुम्हमाला बच्चा (बेटा आ बेटी) के जन्म देहल उनका कोरोना संक्रमण भईल १४ गते पुष्टि भईल रहे आ १५ गते नेपालगञ्ज मे भर्ना कईल रहे ।

नारायण नगरपालिका–५, दैलेख के ५१ बरीस के पुरुष के एतवार के दिने नेपालगञ्ज मेडिकल कलेज शिक्षण अस्पताल, कोहलपुर मे मृत्यु भईल बा ।

कोरोना संक्रमित आ आन्द्रा फुटल समस्या के चलते कर्णाली प्रदेश अस्पताल उनका के नेपालगञ्ज रिफर कईले रहे आ शनिचर के मध्यराति भर्ना भईल रहलन ।

बिराटनगर महानगरपालिका–९, मोरङ के ६२ बरीस के पुरुष के एतवार के दिने कोशी अस्पताल कोभिड–१९ उपचार केन्द्र मे मृत्यु भईल बा । मधुमेह के मरेजी उनका शुक के दिने संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।