जनमत पार्टी के जानकीटोला मे पार्टी प्रवेश तथा कमिटी गठन

वीरगंज १८ कुवार

जनमत पार्टी पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका के जानकीटोला वार्ड नं. २ मे वृहत पार्टी प्रवेश तथा वार्ड ईकाई कमिटी गठन कईले बा ।

सुजित रौनियार के अध्यक्षता मे ६१ सदस्यीय वार्ड इकाई कमिटी गठन तथा जिल्ला इन्चार्ज संतोष कुमार साह सोनार के विशेष उपस्थिति मे वृहत पार्टी प्रवेश कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

पार्टी पर्सा के ईन्चार्ज सन्तोस साह, बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ के वार्ड संयोजक निकेश महतो, महिला जिल्ला अध्यक्ष अनिता रौनियार, उपाध्यक्ष सबो खातुन आ सदसय नजमा खातुन, जगरनाथपुर गाँवपालिका के संयोजक चन्दन चौहान लगायत के विशेष उपस्थिति मे उ कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

नयाँ गठन भईल वार्ड इकाई कमिटी मे उपाध्यक्ष मे रंजन कर्ण, सचिव मे राजु पाण्डे, सहसचिव मे बिक्की रौनियार, कोषाध्यक्ष मे सुनिल चौहान, सदस्यलोग मे हरिशंकर पाण्डे, अंशु रौनियार, रामाधार शर्मा, मंशी गदी, सुरेश महतो, लालबाबु गिरी लगायत रहल बानी ।

जगरनाथपुर गाँवपालिका के वार्ड नं. २ जानकी टोला मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे जनमत पार्टी मे नेकपा से जाईफर आलम, जनता समाजवादी पार्टी से बद्री राम, राजकुमार बैठा, नेपाली काँग्रेस से अहम आलाम, रामबाबु कुमार के नेतृत्व मे ५० जने के पार्टी के जिल्ला ईन्चार्ज संतोष कुमार साह सोनार टिका माला लगाके स्वागत कईले रहनी ।

उ अवसर मे ईन्चार्ज साह गाँवपालिका भितर के अनेकन समस्यासब के समाधान के खातिर खुद सकेभर सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवले रहनी ।

गाँवपालिका मे रास्ता, स्वास्थ्य, शिक्षा, बेरोजगारी के समस्या बिकराल बनत गईला से गाँवपालिका के सभी पार्टी, सर्वसधारण एकजुट होके समस्या समाधान करेके ओरी अगाडि बढे खातिर निहोरा भी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।