हनुमान जयन्ती के अवसर मे वीरगंज मे हजारो के सहभागिता मे विशाल शोभा यात्रा

वीरगंज ०३ बैशाख,
हरेक बरीस चईत शुक्ल पूर्णिमा के दिन मनावल जाएवाला रामभक्त हनुमान जन्मजयन्ती आजु अनेकन कार्जक्रम करके देशभर मनावल गईल बा ।
चईत शुक्ल पूर्णिमा के दिन हनुमान के पूजा आराधना कईला पर बल, बुद्धि आ विद्या मिलेके तथा दुःख आ सङ्कट से मुक्ति मिलेके विश्वास बा । विश्व हिन्दु परिषद नेपाल पर्सा वीरगंज मे विशाल शोभा यात्रा निकलले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका क्षेत्र के ३२ सो वार्ड के स्थानिय, ग्रामिण भेग तथा बारा के हिन्दु समुदाय के विशेष उपस्थिति मे वीरगंज मे झाँकी सहित विशाल शोभा यात्रा निकलले बा । अनेकन क्षेत्र से ढोलबाँजा सहित निकालल शोभा यात्रा घण्टाघर चोक मे जम्मा होके हजारो के संख्या मे सहभागि विशाल शोभा यात्रा वीरगंज महानगरपालिका परिक्रमा कईले रहे ।
घण्टाघर चोक से छपकैया चोक तक करिब साढे तीन किलो मिटर लम्हरर हजारो के सहभागिता मे हिन्दु समाज ऐतिहासिक हनुमान जयन्ती के विशाल शोभा यात्रा निकलले बा । कडा घाम के परवाह ना करके भव्य रुप मे शोभा यात्रा के आयोजना कईल रहे । शोभा यात्रा मे सहभागि रामभक्त हनुमान भक्त के अनेकन संघ सस्था जगहा जगहा मे पानी पियावे के व्यवस्था भी कईले रहलन ।
श्री राम भक्त हनुमान के जय जय कार, तथा जय श्री राम के नारा लगावत नाचत झुमत शोभा यात्रा निकालल गईल रहे । शोभा यात्रा नगरपरिक्रमा के बाद घण्टाघर चोक मे आयोजना कईल कोण सभा के सम्बोधन करत विश्व हिन्दु परिषद नेपाल के महासचिव जितेन्द्र प्रसाद सिंह भगवान हनुमान के जीवनी बारे मे चर्चा करत, भगवान श्री हनुमान हिन्दु समाज के उचित व्यवस्थापन करे देहल सन्देश के सभी हन्दु समाज से पालना करेके बिचार रखनी ।
जईसे हनुमान भगवान श्री राम जी के आदेश के पालना करके आपन धर्म के रक्षा कईसनी, एहितरे हिन्दु समाज आपन व्यवस्थापन करके देश के अस्मिता, स्वाभिमान आ गरिमा जोगावे खातिर हिन्दु समाज देश के सुरक्षा निकाय से काँध मे काँध मिलाके अगाडि बढे खातिर तइयार बाडन ।
ई कार्जक्रम मे एगो एतिहासिक कार्जक्रम रहल बतावत, ‘ई कार्जक्रम केहु के डरावेके, भा धम्कावे के खातिर ना कईल, हिन्दु समाज आ नेपाल के संगठित समाज आ सशक्त समाज बनावे खातिर ई प्रयास कईल बा ।’ विधर्मीलोग एकरा के अन्यथा ना लेहला से होखी, हिन्दु समाज उपर हो रहल प्रहार ना रुकला पर एकर परिणाम बडका होखी, आजु टेलर मात्र रहे, पुरा फिल्म देखावे के बाँकी हि बा उ कहनी ।
शोभा यात्रा मे विश्व हिन्दु परिषद नेपाल के महासचिव जितेन्द्र प्रसाद सिंह, वीरगंज महानगरपालिका के महानगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी, अनेकन हिन्दु संघ संगठनसब के अगुवा लगायत हिन्दुलोग के सहभागिता रहल रहे ।






