कलैया १६ वार्ड विकास सुधार समिति ११ बुंदे माग सहित अनेकन निकाय मे बुझवलख ज्ञापन

बारा १८ कुवार
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १६ वार्ड विकास सुधार समिति ११ बुंदे माग सहित अनेकन नियकासब मे आजु दुसरका बेर ज्ञापनपत्र बुझवले बा ।
समिति के अध्यक्ष अनिल कुशवाहा के नेतृत्व मे रहल एगो टोली वार्ड कार्यालय कलैया उ.म.न.पा १६ मे ज्ञापनपत्र बुझवले बा ।
बारा जिल्ला के कलैया उप महानगरपालिका के वार्ड नं. १६ के वार्ड अध्यक्ष शेषनाथ साह निर्वाचित भईल तीन बरीस के कार्यकाल बितला पर भी मुस्कील से ३ दिन भी वार्ड कार्यालय मे पूरा समय उपस्थित होके राज्य सरकार से लेहल लक्ष्य तथा खुदसे चुनाव के समय मे जनतासमक्ष कईल वाचा मुताविक के कामसब ना कईला मे वार्ड विकास सुधार समिति के गम्भीर ध्यानाकार्षण भईल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।
कार्यालय समय मे खुद उपस्थित ना होके व्यक्तिगत कामकाज मे व्यस्त रहेवाला वार्ड अध्यक्ष सेवाग्रही के समस्या मे पडल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
कार्यालय मे ना रहेके, जनता के सेवा, सिफारिश, विकास निर्माण के काम मे मनमौजी तानाशाही प्रवृत्ति से समिति बनाके आपन लगेके आदमीसब के ठेक्का देवेके, काम करेके जईसन काम से जन गुनासासब बढत गईल जनावल गईल बा ।
ज्ञापनपत्र मे जनप्रतिनिधि वार्ड मे अनुपस्थित रहेके, वार्ड से होखेवाला विकास सम्बन्धी सभी कृयाकलाप पारदर्शी ना देखल गईल, वार्ड मे रहल स्वास्थ्य निकाय से सेवा ग्राहीलोग बञ्चित हो रहल, ई वार्ड मे रहल शैक्षिक संस्थासब के अनुगमन ना भईला से गुणस्तरीय शिक्षा ना भईल, कृषि सम्बन्धी कउनो योजनासब अभी तक सर्वजनिक ना भईल, वार्ड नं. १६ मे नगर स्तरिय बजेट से कईल योजनासब सर्वजनिक ना भईल, प्रदेश स्तरिय योजनासब सर्वजनिक करे ना चाहल, केन्द्र स्तरिय योजनासब सर्वजनिक ना भईल, परिषद से स्विकृत योजनासब वार्ड कार्यालय मे ना भईल आ राखे के भी ना चाहल, बेरोजगार आदमी के बारेमे विवरण सर्वजनिक ना कईल आ करे ना चाहल, वितल समय मे घोषणा भईल ओ.डि.एफ. के निरन्त्रता देवे खातिर खासे योजना ना बनावल तथा करे भी ना चाहल उल्लेख कईल बा ।
ज्ञापन पत्र बुझावेवाला मे विनोद कुमार यादव, कलामोदिन अंसारी, जितेन्द्र कुमार यादव, धनेश्वर कुमार राम, राजकिशोर कुशवाहा, ज्ञान प्रकाश ठा
कुर, चन्दन राम, पवन कुमार कुशवाहा, प्रवेश कुमार कुशवाहा, बृजकिशोर ठाकुर, अजय कुमार राम, रविरन्जन कुमार राम, रविन्द्र कुमार राम, अरविन्द कुमार राम, जेनिश मेहरा, हरिओम कुशवाहा, बैजनाथ राम, भोला अंसारी, ननदलाल कुशवाहा, सिनोद यादव,प्रवेश कुशवाहा, केशव यादव, मनोहर राम,सपÞmराज कुशवाहा, बिनोद राम लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






