वीरगंज मे ६ लाख बराबरके म्याद बितल समान बरामद

वीरगंज १९ कुवार
वीरगंज मे पुलीस बहुते परिमाण मे म्याद बितल खाद्यवस्तु बरामद कईले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका– १० आदर्शनगर स्थित एएसटी प्रालि के तीन गो गोदाम मे भण्डारण कर के राखल सामान म्याद बितल मिलल बा ।
आदर्शनगर मे एएसटी प्रालि के ३ गो बहुते परिमाण मे म्याद बितल सामान बरामद भईला के बाद सिल करके एतवार से हि अनुसन्धान शुरु कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त जानकारी देहनी ।
वनस्पति घ्यू, नरिवल के धुरा, केक आ बेकरी, विस्कुट मे प्रयोग होखेवाला कच्चा पदार्थ, रंगलगायत सामान म्याद बितल मिलल उ बतवनी ।
उपभोक्ता अधिकार से सम्बन्धित विषय भईला से जरुरी अनुसन्धान आ कारबाही के खातिर वाणिज्य आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय के जिम्मा लगावल पुलीस जनवले बा ।
गोदाम मे ५ लाख ९६ हजार ६ सय ६० रोपेया के म्याद बितल सामान मिलल उपभोक्ता हित संरक्षण कार्यालय जनवले बा ।
गोदाम मे लोटस ४९ कार्टुन, जिएसएम क्लासिक एक्स पी १६ कार्टुन, लिलि स्टार एक्सपी ४ कार्टुन, एसएम म्याजिक एक्सपी २३ कार्टुन, आल्मुनियम पेस्ट २८ ड्रम, क्याल्सियम प्रोपिनेट पाउडर (विस्कुट पाउरोटी मे प्रयोग करेवाला) १७ बोरा मिलल कार्यालय के सूचना अधिकारी दिलिप खंग खत्वे जानकारी देहनी ।
केक आ बेकरी मे प्रयोग करेवाला कच्चा पदार्थ के म्याद ओरईला के बाद फेनु नयाँ मिति राख के बजार पठारहल आशंका अनुगमन टोली के बा ।
माकिर सञ्चालक कोरोना महामारी रोकथाम आ नियन्त्रणक खातिर लम्हर समय लकडाउन आ निषेधाज्ञा लगईला के चलते गोदाम के माल बिक्री ना होके म्याद बितल दावी कईले बाडन । बिक्री करेके प्रायोजन के खातिर समान ना राखल उलोग के कहनाम बा ।
बेकरी खाएवाला सामान बनावेके तथा एकर सौन्दर्य के खातिर प्रयोग होखेवाला तेल, केक के पिसान, चेरी तथा चकलेट लगायत के सामानसब गोदाम मे मिलल आ ओकर पहिचान करेके काम हो रहल जनावल गईल बा ।
अईसन धन्दा मे संलग्न आदमीसब के भी नियन्त्रण मे लेहल आ घटना के विस्तृत जानकारी बाद मे करावे के प्रहरी उपरीक्षक पन्त बतवनी ।





