८ किलो अफिम सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज २१ कुवार

पर्सा मे अफिम के ८ किलो धुरा सहित एक जने पकडाईल बाडन । कालिकामाई गाँवपालिका–१ तीन डोबिया रहेवाला २९ बरीस के खोवारी प्रसाद पकडाईल बाडन ।

बितल रात साढे १० बजे विशेष सूचना के आधार मे इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के टोली आफिम सहित खोवारी के नियन्त्रण मे लेहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजित कुँवर जानकारी देहनी ।

इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक दीपक थापा नेतृत्व के टोली उनका के नियन्त्रण मे लेहले रहे । खोवारी के घर मे लागुऔषध अफिम लुकाके राखल कहके गोप्य सूचना के आधार मे पुलीस छापा मरले रहे ।

अफिम सहित पकडाईल उनका के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया मे राख के आउर अनुसन्धान कर रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।